Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Most Haunted Place In UP : इ हवे यूपी के सबसे भूतिया जगह, जहवां दिनो में जाए से डेरा जाला लोग

1,183

Most Haunted Place In UP: भलही लोग भूत- परेत के ना माने ले बाकी पैरानॉर्मल एक्सपर्ट्स के मानी तऽ एह दुनिया में हमनी के बीच आत्मा अपना होखला से लेके अजीब -गरीब तरीका से खुद के मौजूदगी के एहसास दिलावे ला।

जहाँ कहि एह तरह के घटना होखेला उऽ जगह भूतिहर चाहे हॉन्टेड कहाए लागेला। आईं जाने के यूपी के सबसे भूतिया जगह कौन – कौन बा ।

 

फिनिक्स शू फैक्ट्री नोएडा

उत्तर प्रदेश के नोएडा के फिनिक्स शू फैक्ट्री सबसे भूतिहर जगह हऽ । सेक्टर 60 के AkaiEnergizer पहिले फिनिक्स शू फैक्टी के नाम से मशहूर रहे । बाकी एक बार एह इमारत में आग लाग गइलऽ । एह दौरान करीब 200 से बेसी लइका आ औरत जिंदा जर गइलऽ रहले । जेकरे बाद एह Aka iEnergizer कंपनी खरीद लेलखऽ । एह जगह के यूपी के सबसे भूतिया जगह कहल जाला काहे की रात होत इहवां से औरतन आ बच्चवन के रोए के आवाज आवेला।

 

गंगा बैराज कानपुर

कानपुर में मौजूद गंगा बैराज के बारे में तऽ रउवा जरूर सुनले होख़ेम। एकरा के उत्तर प्रदेश के सबसे भुतिहर जगहा मानल जाला। रात के घरी इहवां उजर साड़ी में कवनो मेहरारू घूमते लउके ले। एकरे अलावा रात में भूतन के जमावड़ा लागेला

 

मेरठ के जीपी ब्लॉक

उत्तर प्रदेश के मेरठ में स्थित जीपी ब्लॉक के सबसे भूतिया जगहा कहलऽ जाला। जदि रउवा मेरठ घूमे आ रहल बानी तऽ भूलइयो के इ जगहा पs ना जाई ,काहे की एकरा के भूत बंगला कहलऽ जाला । स्थानीय लोग के मानीऽ तऽ रात होखते इहवां आत्मा सन के मेला लागेला। कय हाली इहवां लाल रंग के कपडा मे औरत , घुमते लउकल बिया

 

 

लखनऊ के ओइल हाउस

जदि रउवा लखनऊ घूमे खातिर आवत बानी तऽ भुलाइयो के एह जगहा से ना गुजरी , काहे की एकरा के लखनऊ के सबसे हॉन्टेड प्लेस कहलऽ जाला । हम बात कर रहलऽ बानी ओइल हाउस के बारे में । एह भवन में एगो इनार बा जेकरा मे अंग्रेज सैनिकन के मारि के फेकलऽ गइलऽ रहे। जिनकर आत्मा इहवां भटके ले । एह बात के खुलासा तब भइलऽ जब लखनऊ विश्वविद्यालय के अधिकारी के इ जगहा रहे के देवलऽ गइलऽ । एह दौरान कुँवा में मौजूद आत्मा अधिकारी के बेटा के मार देलखऽ । एह घटना के बाद से इनार के बंद करा देवलऽ गइलऽ।

 

742420cookie-checkMost Haunted Place In UP : इ हवे यूपी के सबसे भूतिया जगह, जहवां दिनो में जाए से डेरा जाला लोग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.