Mission 2024 : मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आज मेरठ में गरजिहें, अखिलेश यादव 20 अप्रैल के अइहें

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 18, 2024

मिशन 2024 : लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा आपन पूरा ताकत लगा देले बिया। आज मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मेरठ में गर्जना करिहें। दोसरा तरफ अखिलेश यादव 20 अप्रैल के मेरठ अइहें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गुरुवार के

Share

मिशन 2024 : लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा आपन पूरा ताकत लगा देले बिया। आज मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मेरठ में गर्जना करिहें। दोसरा तरफ अखिलेश यादव 20 अप्रैल के मेरठ अइहें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गुरुवार के किठौर विधानसभा क्षेत्र के सिसौली में जनसभा के संबोधित करीहे। सिसौली इंटर कॉलेज के मैदान में बनल हेलीपैड में हेलीकाप्टर से उतरीहे। तीन बजे से इनकर बैठक होई। उ 50 मिनट तक जनसभा में रहीहे। एकरा बाद मुख्यमंत्री पिलखुवा जइहें।

योगी आदित्यनाथ के इ तिसरका जिला के यात्रा ह। एकरा से पहिले उ मोदीपुरम में आयोजित प्रधानमंत्री के रैली में आइल रहले। एकरा बाद ठाकुर सरधाना के चौबिसी में रैली के संबोधित कइले बाड़े। गुरुवार के किठौर विधानसभा क्षेत्र के ठाकुर बहुल इलाका सिसौली में योगी आइहें। कई जगहा ठाकुर समुदाय के आक्रोश के चलते मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पश्चिम में लगातार जनसभा कर रहल बाड़े।

अखिलेश यादव के जनसभा 20 तारीख के होई

पूर्व मुख्यमंत्री आ सपा प्रमुख अखिलेश यादव 20 अप्रैल (शनिवार) के जनसभा करीहे। रैली स्थल हापुर रोड के पास बिजली बाम्बा बाईपास के पास बा।

अखिलेश लखनऊ से हिन्दन हवाई अड्डा प अइहें। उहाँ से रात के 12:10 बजे रैली स्थल प पहुंचीहें। एक घंटा खातिर रैली में रही। इहाँ से दुपहरिया 1:10 बजे अमरोहा खातिर रवाना होईहे। अखिलेश यादव मुजफ्फरनगर आ बिजनौर में जनसभा कइले बाड़न । अखिलेश यादव भी 13 अप्रैल के मेरठ के बहसुमा आइल रहले। हालांकि, उ अभी तक मेरठ में जनसभा नईखन कइले। इहाँ उनकर पहिला जनसभा होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.