UP News : मथुरा में पुलिस एनकाउंटर में बावरिया गिरोह के दूगो बदमाश ढेर,  30 लाख के डकैती में रहलें सs सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2026

मथुरा। सुरीर थाना क्षेत्र के टैंटीगांव में 23 अप्रिल के रात भइल एगो बड़ डकैती कांड के आरोपी दूगो शातिर बदमाशन के पुलिस एनकाउंटर में मार गिरवले बिया। ई मुठभेड़ बियफे के भोर में भइल,

Share

Mathura Police Encounter Bawaria Gang Case

मथुरा। सुरीर थाना क्षेत्र के टैंटीगांव में 23 अप्रिल के रात भइल एगो बड़ डकैती कांड के आरोपी दूगो शातिर बदमाशन के पुलिस एनकाउंटर में मार गिरवले बिया। ई मुठभेड़ बियफे के भोर में भइल, जवना में दुनो अपराधी पुलिस के गोली से घायल हो गइल रहलें सs। बाद में जिला अस्पताल ले गइला पs डॉक्टर लोग ओकनी के मृत घोषित कs दिहल।

मारल गइल बदमाशन के पहचान राजस्थान के भरतपुर निवासी धर्मवीर उर्फ लंबू आ अलवर निवासी राजेंद्र उर्फ पप्पू के रूप में भइल बा। दुनो कुख्यात बावरिया गिरोह के सदस्य बतावल जा रहल बाड़ें सs।

30 लाख के डकैती कइले रहलें सs

जानकारी के मोताबिक, ई नकाबपोश बदमाश 23 अप्रिल के रात टैंटीगांव में बेवसायी अजय अग्रवाल के घर में घुस गइल रहलें सs। घर में मवजूद लोगन के धमका के करीब 30 लाख रुपिया नगदी आ गहना लूट लेले रहलें सs। एह घटना के बाद से पुलिस लगातार तलाश में लागल रहे।

पुलिस के घेराबंदी आ मुठभेड़

मुखबिर से सूचना मिलला के बाद पुलिस बियफे के भोर में एह दुनो वांछित अपराधियन के घेर लेलस। पुलिस के अनुसार, बदमाश पुलिस पs फायरिंग कइलें सs, जवना के जवाब में पुलिस गोली चलवलस। एह मुठभेड़ में दुनो बदमाश घायल हो गइले सs आ बाद में अस्पताल में ओह लोगन के मौत हो गइल।

एसएसपी बतवलें कि बेयपारी के घरे डकैती करे वाला बदमाशन के पुलिस से मुठभेड़ हो गइल रहे। जवाबी कार्रवाई में दुनो घायल हो गइलें सs। अस्पताल ले गइला पs डॉक्टर लोग ओकनी के मृत घोषित कइल। ओकनी के लमहर आपराधिक इतिहास रहल बा।

पुलिस के जवान घायल

एह कार्रवाई में दूगो सिपाहियो घायल हो गइल बा लो, जेकरा के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

पुलिस जानकारी के अनुसार, धर्मवीर उर्फ लंबू पs डकैती, लूट, आर्म्स एक्ट आ हत्या के प्रयास जइसन कइयन गो गंभीर ममिला दर्ज रहल बा। ओकरा खिलाफ राजस्थान, हरियाणा, दिल्ली आ उत्तर प्रदेश के अलग-अलग थानन में करीब 16 केस दर्ज रहे, जवना में ऊ कइयन में वांछित रहलें।

Read Also: Chandranath Rath Murder : भाजपा करी गुंडन के सफाई, पीए के हत्या पs भड़कलें सुवेंदु अधिकारी, चश्मदीद बतवलस पूरा कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.