Chandranath Rath Murder : भाजपा करी गुंडन के सफाई, पीए के हत्या पs भड़कलें सुवेंदु अधिकारी, चश्मदीद बतवलस पूरा कहानी

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2026

नई दिल्ली। बंगाल के मध्यमग्राम में अपना पीए चंद्रनाथ रथ के हत्या के लेके भाजपा नेता सुवेंदु अधिकारी कहलें कि ई एगो सोचल समझल साजिश के तहत कइल गइल हत्या हs। एकर पूरा प्लान तइयार

Share

Suvendu Adhikari PA Murder Case in West Bengal

नई दिल्ली। बंगाल के मध्यमग्राम में अपना पीए चंद्रनाथ रथ के हत्या के लेके भाजपा नेता सुवेंदु अधिकारी कहलें कि ई एगो सोचल समझल साजिश के तहत कइल गइल हत्या हs। एकर पूरा प्लान तइयार कइल गइल आ 2-3 दिन रेकी कइल गइल।

अस्पताल के बाहर पत्रकारन से बात करत सुवेंदु अधिकारी कहलें, “ई एगो पहिले से सोचल-समझल हत्या हs आ डीजीपी इहे बात कहलें बाड़ें। 2-3 दिनन तक रेकी कइज गइल रहे आ हत्या के पूरा योजना बनावल गइल रहे। पुलिस जांच सुरू कs देले बिया। हमनी के शोक में डूबल बानी सs आ एह घटना के निंदा करे खातिर हमनी के लगे शब्द नइखे।”

‘पुलिस के कुछ सुराग मिलल बा’

सुवेंदु अधिकारी कहलें कि दिल्ली से पार्टी के बड़ नेता लोग पूरा ममिला पs नजर रखले बा। केंद्रीय मंत्री सुकांत मजूमदार मृतक के परिवार आ पुलिस से बात कइले बाड़ें। अलग-अलग इलाका से भाजपा नेता आ विधायक अस्पताल पहुंचल लोग।

ऊ आगे कहलें, “पुलिस के कुछ सबूत मिलल बा आ जांच जारी बा। ई 15 साल के ‘महा-जंगल राज’ के नतीजा बा। भाजपा अब एहिजा गुंडन के सफाई करे के काम सुरू करी।”

डीजीपी का कहलें?

पश्चिम बंगाल के डीजीपी सिद्ध नाथ गुप्ता बतवलें कि पुलिस जांच सुरू कs देले बिया। अपराध में इस्तेमाल भइल चार पहिया गाड़ी जब्त कs लिहल गइल बा। हालांकि, गाड़ी के नंबर प्लेट नकली होखे के आशंका बा आ ओकरा संगे छेड़छाड़ कइल गइल बा।

डीजीपी कहलें, “घटनास्थल से जिंदा कारतूस आ इस्तेमाल भइल कारतूस बरामद भइल बा। चश्मदीदन के बयान आ सबूतन के आधार पs जांच आगे बढ़ावल जा रहल बा।”

चश्मदीद बतवलस पूरा घटना

एगाे चश्मदीद बतवलस, “जइसही चंद्रनाथ रथ के गाड़ी हमरा गाड़ी के लगे से निकलल, ओही समय बीच सड़क पs रुक गइल। तबे बाइक पs सवार एगो आदमी आइल आ गाड़ी के बायां तरफ से गोली चलावे लागल। ऊ बहुत माहिर लागत रहे आ गोली चलाके तुरंत भाग गइल। लागत रहे कि सब कुछ पहिलही से तय रहे। गोली बहुत नजदीक से चलावल गइल रहे।”

ऊ आगे कहलें, “हमनी के दू राउंड गोली चले के आवाज सुननी सs। घटना रात 10:30 बजे से 11 बजे के बीच भइल। अस्पताल से करीब 200-300 मीटर दूर लोग घायलन के अस्पताल पहुंचवलस। गाड़ी के ड्राइवरो के गोली लागल रहे।”

गाड़ी घेरके बरसावल गइल गोली

जानकारी के मोताबिक, चंद्रनाथ रथ पs चलत कार में चार गोली चलावल गइल, जवना में से तीन गोली उनका लागल। हमला करे वाला लोग पहिले से गाड़ी के पीछा करत रहे। जइसही गाड़ी धीमा भइल, ताबड़तोड़ फायरिंग सुरू हो गइल। गाड़ी के बायां तरफ सामने वाला शीशा पs गोली के निशान साफ देखल गइल।

चंद्रनाथ रथ कइयन साल से सुवेंदु अधिकारी खातिर काम करत रहलें आ राजनीतिक तालमेल सहित कइयन गो अहम जिम्मेदारी संभारत रहलें। ऊ सुवेंदु अधिकारी के सबसे करीबी लोगन में गिनल जात रहलें।

Read Also: 07 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.