नेपाल में माउंट एवरेस्ट के ओर जा रहल दुनो हेलीकॉप्टर आपस में टकराइलें, एगो विदेशी नागरिक के मौत

By Gaurav Mani Tripathi

Published on: 2 घंटे पहले

काठमांडू: नेपाल में मंगलवार के सबेरे एगो बड़ हवाई हादसा हो गइल। सोलुखुम्बु हेलिपैड पर लैंडिंग के दौरान दु गो हेलीकॉप्टर आपस में टकरा गइलें। एह दुर्घटना में एगो विदेशी नागरिक के मौत हो गइल,

Share

काठमांडू: नेपाल में मंगलवार के सबेरे एगो बड़ हवाई हादसा हो गइल। सोलुखुम्बु हेलिपैड पर लैंडिंग के दौरान दु गो हेलीकॉप्टर आपस में टकरा गइलें। एह दुर्घटना में एगो विदेशी नागरिक के मौत हो गइल, जबकि एगो अउरी व्यक्ति घायल हो गइल। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।

नेपाल पुलिस के शुरुआती रिपोर्ट के मुताबिक, ई दुर्घटना सबेरे करीब 8 बजके 11 मिनट पर भइल। जानकारी के अनुसार, फिशटेल एयर आ डायनेस्टी एयर के हेलीकॉप्टर सोलुखुम्बु हेलिपैड पर उतरत रहलें। एही दौरान दुनो हेलीकॉप्टर के बीच टक्कर हो गइल।

लैंडिंग के दौरान भइल हादसा

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक, दुनो हेलीकॉप्टर माउंट एवरेस्ट के ओर जाए वाला इलाका में उड़ान भरत रहलें। सोलुखुम्बु क्षेत्र नेपाल में पर्वतारोहण आ पर्यटन खातिर काफी मशहूर बा। दुनिया के सबसे ऊंच चोटी माउंट एवरेस्ट पर जाए वाला पर्यटक आ पर्वतारोही अक्सर एह इलाका में हेलीकॉप्टर सेवा के इस्तेमाल करेलें।

हादसा के बाद घायल व्यक्ति के इलाज खातिर प्रभु हेलीकॉप्टर के मदद से लुकला पहुंचावल गइल। फिलहाल मृतक आ घायल व्यक्ति के पहचान सार्वजनिक नइखे भइल।

पुलिस कर रहल बा जांच

नेपाल पुलिस हादसा के कारण के पता लगावे में जुटल बा। शुरुआती जानकारी में बतावल गइल बा कि लैंडिंग के समय दुनो हेलीकॉप्टर आपस में टकरा गइल रहलें। हालांकि, दुर्घटना के सही वजह का रहे, एकर आधिकारिक पुष्टि जांच के बादे हो पाई।

नेपाल के सोलुखुम्बु इलाका में हेलीकॉप्टर सेवा पर्यटन आ पर्वतारोहण के लिहाज से काफी महत्वपूर्ण बा। अइसन में एह दुर्घटना के बाद हवाई सुरक्षा आ हेलीकॉप्टर संचालन के व्यवस्था पर सवाल उठे लागल बा।

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.