Maharashtra Earthquake : महाराष्ट्र में भारी बरखा के बीच लागल भूकंप के झटका, आधा रात कइयन जिला में कांप उठल धरती

By Shweta Supriya

Published on: Jul 9, 2026

मुंबई। महाराष्ट्र में लगातार हो रहल भारी बरखा के बीच बियफे के आधा रात मराठवाड़ा इलाका के नांदेड़, हिंगोली आ परभणी जिला में भूकंप के कइयन गो झटका महसूस कइल गइल। झटका लागतही लोग डर

Share

नेपाल में भूकंप

मुंबई। महाराष्ट्र में लगातार हो रहल भारी बरखा के बीच बियफे के आधा रात मराठवाड़ा इलाका के नांदेड़, हिंगोली आ परभणी जिला में भूकंप के कइयन गो झटका महसूस कइल गइल। झटका लागतही लोग डर के मारे अपना-अपना घर से बाहर निकल आइल। राहत के बात ई बा कि अभी तक कहीं से जान-माल के नुकसान के खबर नइखे मिलल।

अधिकारियन के मोताबिक, भूकंप के झटका रात 1:37 बजे से 3:23 बजे के बीच महसूस कइल गइल। रिक्टर स्केल पs एह भूकंप के तीव्रता 3.6 से 4.6 के बीच दर्ज कइल गइल। दू घंटा से कम समय में करीब चार बेर धरती कांपल।

आधा रात लागल पहिला झटका

सुरुआती जानकारी के मोताबिक, पहिला झटका रात करीब 1:37 बजे सिरली-पांगरा शिंदे गांव के नजदीक महसूस कइल गइल। झटका एतना तेज रहे कि लोग के नींद खुल गइल आ ऊ घबराइल हालत में घर से बाहर निकल पड़ल। भूकंप के केंद्र जमीन से करीब 10 किलोमीटर नीचे बतावल जा रहल बा।

दू घंटा में चार बेर कांपल धरती

पहिला झटका के बाद रात 2:15 बजे ककड़धाबा गांव के नजदीक दोसर झटका महसूस भइल, जवना के तीव्रता 3.6 दर्ज कइल गइल। एकरा ठीक दू मिनट बाद रात 2:17 बजे तिसरका झटका आ फेर 3:23 बजे चउथा झटका महसूस कइल गइल। लगातार झटका से लोग में डर आ दहशत के माहौल बन गइल। कइयन गाे परिवार रात भर घर के बाहर रहलें।

एह साल अप्रिलो में आइल रहे भूकंप

एकरा से पहिले अप्रिल महीना में हिंगोली इलाका में 4.7 तीव्रता के भूकंप आइल रहे। ओह समय पांगरा शिंदे गांव में कुछ घर आ सामुदायिक भवन (कम्युनिटी हॉल) में दरार पड़ गइल रहे। ओह भूकंप के झटका नांदेड़, अर्धापुर, हदगांव, हिमायतनगर आ परभणी इलाका में महसूस कइल गइल रहे।

फिलहाल प्रशासन पूरा इस्थिति पs नजर बनवले बा आ कहीं से कवनो जान-माल के नुकसान के आधिकारिक जानकारी नइखे मिलल।

Read Also: Jewar Road Accident : जेवर में भीषण सड़क हादसा, धान रोप के लवटत बिहार के 3 मजदूरन के स्कॉर्पियो कुचललस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.