Jewar Road Accident : जेवर में भीषण सड़क हादसा, धान रोप के लवटत बिहार के 3 मजदूरन के स्कॉर्पियो कुचललस

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2026

जेवर। उत्तर प्रदेश के जेवर में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। बिहार के अररिया जिला से धान के रोपाई करे खातिर आइल तीन मजदूरन के तेज रफ्तार स्कॉर्पियो गाड़ी पीछे से कुचल देलस। एह

Share

जेवर। उत्तर प्रदेश के जेवर में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। बिहार के अररिया जिला से धान के रोपाई करे खातिर आइल तीन मजदूरन के तेज रफ्तार स्कॉर्पियो गाड़ी पीछे से कुचल देलस। एह हादसा में तीनो मजदूरन के घटनास्थल पs मौत हो गइल।

जानकारी के मोताबिक, बिहार के अररिया जिला से कइयन गो मजदूर जेवर के नीमका गांव में धान के रोपाई करे खातिर आइल रहे लोग। बुध के देर रात खेत में काम पूरा करे के बाद तीनो मजदूर पैदल जेवर-खुर्जा रोड से नीमका गांव लवटत रहे लोग।

एह दौरान जेवर के ओर से तेज रफ्तार में आवत एगो स्कॉर्पियो गाड़ी पीछे से आके तीनो मजदूरन के जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि तीनो मजदूरन के उहवें मौत हो गइल।

घटना के सूचना मिलते पुलिस फौरन मवका पs पहुंचल आ तीनो के जेवर के कैलाश अस्पताल ले गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs देलस।

जेवर कोतवाली निरीक्षक अजय कुमार सिंह बतवलें कि मरे वाला मजदूर करन, विश्वजीत आ मिथुन बिहार के गांव जमुआ, थाना तरावड़ी, जिला अररिया के रहनिहार रहे लोग। ई सब नीमका गांव के खेत में धान रोपत रहे लोग।

पुलिस बतवलस कि रात में काम खतम कs के तीनो मजदूर गांव लवटत रहे लोग, तबे तेज रफ्तार स्कॉर्पियो पीछे से धक्का मार देलस, जवना से तीनो के घटनास्थले पs मौत हो गइल।

पुलिस पंचनामा के कार्रवाई पूरा कs के परिजनन के घटना के सूचना दे देले बिया आ शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। हादसा के बाद इलाका में मातम पसरल बा।

Read Also: Boxing : भारतीय महिला मुक्केबाजन के दमदार खेल, एशियाई अंडर-19 आ अंडर-23 चैंपियनशिप में नव गो पदक पक्का

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.