कार्तिक आर्यन से मिले पहुंचल उनकर जबरा फैन, साइकिल से कइलस 1000 किलोमीटर के सफर तय

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2024

कार्तिक आर्यन के एगो डाई हार्ड फैन उनका से मिले खातिर झांसी से मुंबई साइकिल से पहुँच गइलऽ। सोशल मीडिया पs एगो खूब प्यारा वीडियो वायरल हो रहलऽ बा, जे मे कार्तिक अपना फैन के

Share

कार्तिक आर्यन के एगो डाई हार्ड फैन उनका से मिले खातिर झांसी से मुंबई साइकिल से पहुँच गइलऽ। सोशल मीडिया पs एगो खूब प्यारा वीडियो वायरल हो रहलऽ बा, जे मे कार्तिक अपना फैन के संगे फोटो क्लिक करत नजर आ रहल बाड़े।

कार्तिक आर्यन से मिले पहुंचल फैन

कार्तिक आर्यन उऽ कुछ स्टार्स में से एक बाडन, जेऽ अपना शानदार काम, किरदार आ आपन अच्छा व्यक्तित्व के बदौलत अपना फैंस के दिलन में एगो अलगा जगहा बनवले बाड़े। कार्तिक आर्यन के फैंस उनका के खूब पसंद करेले आ जबो एक्टर के स्पॉट कइलऽ जाला तऽ हमेशा देखे के मिलेला कि उनकर फैंनऽ उनका पs जान छिड़केले। उहे हाल ही जवन भइल उऽ हर एक्टर खातिर एगो सपना जइसन बा। कार्तिक से मिले खातिर झांसी से उनकर एगो फैन अपना साइकिल से मुंबई चहुप गइलऽ। सोशल मीडिया पs एक्टर के उनका फैन के संगे वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। लोगों कार्तिक आर्यन के पुरजोर रूप से तरिफ भी करत बाड़े ।
स्टार्स अपना लाइफ में केतनो बिजी काहे ना होखो, बाकी अपना फैंस से मिले के समय निकाल ही लेवे ले। अइसनेऽ स्टार के लिस्ट में आवेले कार्तिक आर्यन जींकरा से भेंट करे उनकर एगो जबरा फैन झांसी से मुंबई तक ले 1200 किमी के सफर तय कऽ एक्टर से मिलल। जइसे ही उऽ सपनों के शहर बंबई में चहुपल कार्तिक खाली ओकरा संगे भेंट ही ना कइले बल्कि ओकरा संगे बातचीत करे में भी काफी समय बितवsले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.