कर्नाटक: यालापुरा में भीषण सड़क हादसा, ट्रक के परखच्चा उड़ल,10 गो के मउत आ 15 गो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 22, 2025

कर्नाटक के उत्तर कन्नड़ जिला के यालापुरा राजमार्ग पs एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गइल बा. इहाँ गुलापुरा में सब्जी लेके जात एगो ट्रक नियंत्रण खो के एगो ट्रिपर से टकरा गईल, जवना के चलते

Share

यालापुरा में भीषण सड़क हादसा

कर्नाटक के उत्तर कन्नड़ जिला के यालापुरा राजमार्ग पs एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गइल बा. इहाँ गुलापुरा में सब्जी लेके जात एगो ट्रक नियंत्रण खो के एगो ट्रिपर से टकरा गईल, जवना के चलते ट्रक के टुकड़ा-टुकड़ा क दिहल गईल। एह हादसा में 10 लोग के मउत हो गइल बा आ 15 लोग घायल हो गइल बा. ई हादसा सबेरे करीब 4 बजे भइल।

पुलिस का बतवलस?

एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि जवना सब्जी ट्रक में उs लोग जात रहले, उs बुध के सबेरे 50 मीटर गहिरा घाटी में गिर गईल। पीड़ित सभे फल बेचे वाला सावनूर से निकलल रहले अवुरी फल बेचे खातीर यालापुरा मेला के ओर जात रहले। उत्तर कन्नड़ पुलिस अधीक्षक एम नारायण बतवले कि उs लोग सावनूर-हुबली सड़क पs जात रहले, तबे दुर्घटना जंगल वाला इलाका में भईल।

सिंधनूर में भी सड़क हादसा, 4 लोग के मउत

कर्नाटक के रायचूर में सड़क दुर्घटना के मामला भी सोझा आईल। इहाँ एगो गाड़ी पलटला से चार लोग के मउत हो गईल अवुरी 10 लोग घाही हो गईले। घटना सिंधनूर में भईल। पोस्टमार्टम के बाद शव के अभिभावक के सौंप दिहल गईल। मामला सिंधनूर ट्रैफिक थाना में दर्ज करावल गईल बा। ध्यान देवे वाला बात बा कि रोज सड़क दुर्घटना में लोग आपन जान गंवा देवेले। अयीसना में गाड़ी चलावत घरी बेहद सावधान रहल जरूरी बा। कई बेर ड्राइवर के बहुत लापरवाही से गाड़ी चलावत देखल जाला, जवना के चलते लोग के एकर नतीजा भोगे के पड़ेला।

इहो पढ़ीं: Champions Trophy 2025 खातीर भारतीय स्क्वॉड के ऐलान, जानीं के बनल उपकप्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.