Karnataka Budget: ‘हिंदुअन के पइसा…’ सिद्दरमैया सरकार के बजट पs आखिर काहे भड़कले भाजपा सांसद तेजस्वी सूर्या

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2024

सांसद तेजस्वी सूर्या शुक् के कर्नाटक के सिद्दरमैया सरकार पs जमके निशाना सधले। दरअसल सिद्दरमैया सरकार अपना बजट में राज्य के वक्फ बोर्ड खातिर 100 करोड़ रोपया आ ईसाई समुदाय खातिर 200 करोड़ रोपया के

Share

सांसद तेजस्वी सूर्या शुक् के कर्नाटक के सिद्दरमैया सरकार पs जमके निशाना सधले। दरअसल सिद्दरमैया सरकार अपना बजट में राज्य के वक्फ बोर्ड खातिर 100 करोड़ रोपया आ ईसाई समुदाय खातिर 200 करोड़ रोपया के आवंटन कइलख , जेकरा के लेके भाजपा सांसद भड़क गइले। तेजस्वी सूर्या सिद्दरमैया सरकार पs हिंदू समुदाय के एगो टूल के तउऽर पs इस्तेमाल करे के आरोप लगवले बाड़े।

भाजपा सांसद का कुछ कहले?

भाजपा के दक्षिण बेंगलुरु सांसद सूर्या सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs एगो पोस्ट शेयर कई सिद्दरमैया सरकार पs गंभीर आरोप लगवले। उ कहले,हिंदू मंदिरन से पइसा लेके आ एकर इस्तेमाल गैर हिंदुअन के धार्मिक संस्थान के फंड करे खातिर कइलऽ सिद्दरमैया जइसन ‘धर्मनिरपेक्ष’ नेतावन के मानक एसओपी हs। उनका ओरी से प्रैक्टिस के जाए वाला धर्मनिरपेक्षता महज हिंदुअन के पीटे वाली छड़ी ना हिया । बल्कि इ हिंदुअन के कीमत पs दोसरो के आर्थिक रूप से समृद्ध करे के एगो टुलो बा ।

कर्नाटक के बजट पेश

सिद्दरमैया शुक्रवार के विधानसभा में पेश 2024-2025 के बजट में राज्य के वक्फ संपत्तियनऽ के विकास खातिर 100 करोड़ रोपया आ ईसाई समुदाय खातिर 200 करोड़ रो के आवंटन के एलान कइलन। एकरे अलावा जैन धर्म के प्रमुख तीर्थ स्थलन के विकास खातिर 50 करोड़ रोपया के प्रावधान कइलऽ गइलऽ। बीदर में श्री नानक झीरा साहिब गुरुद्वारा खातिर एक करोड़ रोपया के विकास अनुदान निर्धारित कइलऽ गइलऽ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.