Kanpur Training Aircraft Crash : कानपुर में ट्रेनी एयरक्राफ्ट क्रैश, गंगा बैराज के लगे भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

कानपुर। कानपुर के गंगा बैराज के लगे नत्थूपुरवा गांव के लगे बियफे के दुपहरिया एगो बड़ हादसा हो गइल। इहां एगो प्रशिक्षण विमान (ट्रेनी एयरक्राफ्ट) दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। मिलल जानकारी के मोताबिक, ई विमान एगो

Share

Kanpur Training Aircraft Crash Near Ganga Barrage

कानपुर। कानपुर के गंगा बैराज के लगे नत्थूपुरवा गांव के लगे बियफे के दुपहरिया एगो बड़ हादसा हो गइल। इहां एगो प्रशिक्षण विमान (ट्रेनी एयरक्राफ्ट) दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।

मिलल जानकारी के मोताबिक, ई विमान एगो निजी कंपनी के रहे आ एकर इस्तेमाल ट्रेनिंग खातिर कइल जात रहे। हादसा के खबर मिलतही स्थानीय लोग घटनास्थल पs पहुंच गइल। पुलिस आ प्रशासन के टीम तत्काल मवका पs पहुंच के इस्थिति के जायजा लेवे में जुट गइल।

हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। स्थानीय लोग विमान के दुर्घटनाग्रस्त होखे के जानकारी पुलिस-प्रशासन के दिहल। अधिकारी लोग घटनास्थल पs पहुंच के हादसा के कारण आ नुकसान के आकलन करे में जुटल बा।

विमान में केतना लोग सवार रहलें?

फिलहाल विमान में केतना लोग सवार रहे, एकर आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल। हादसा में कवनो जान-माल के नुकसान भइल बा कि ना, एकर पुष्टि पुलिस आ प्रशासन के ओर से अभी नइखे कइल गइल।

Read Also: India vs New Zealand : टीम इंडिया के न्यूजीलैंड दौरा के लेके जबरदस्त उत्साह, 48 घंटा में बिक गइल रिकॉर्ड 26 हजार टिकट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.