Kamakhya Express Robbery : कामाख्या एक्सप्रेस में चार कोच के यात्रियन संगे लूटपाट, चेन पुलिंग कs के फरार भइलें सs बदमाश

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

पटना। जोधपुर से कामाख्या जा रहल 15623 डाउन कामाख्या एक्सप्रेस में बियफे के भोर में चोरी के बड़ वारदात सामने आइल बा। हरदास बीघा स्टेशन के लगे भाेर के करीब साढ़े चार बजे कुछ अज्ञात

Share

obbery incident in Kamakhya Express where miscreants looted passengers after chain pulling

पटना। जोधपुर से कामाख्या जा रहल 15623 डाउन कामाख्या एक्सप्रेस में बियफे के भोर में चोरी के बड़ वारदात सामने आइल बा। हरदास बीघा स्टेशन के लगे भाेर के करीब साढ़े चार बजे कुछ अज्ञात बदमाश एके संगे चार अलग-अलग कोच में सवार यात्रियन के निशाना बनवलें सs। पर्स आ कीमती सामान चुरा के बदमाश चेन पुलिंग कइलें सs, ट्रेन रुकवलें सs आ ओह मौका के फायदा उठा के फरार हो गइलें। एह घटना से ट्रेन में अफरातफरी मच गइल।

मिलल जानकारी के अनुसार, चोरी के वारदात बी-1, बी-6, ए-1 आ ए-2 कोच में भइल। एह कोचन में सफर कs रहल कम से कम चार यात्रियन के पर्स आ सामान गायब होखे के पुष्टि भइल बा। यात्री बतवलें कि घटना के समय जादेतर लोग गहिराह नीन में रहे, ओही के फायदा उठा के चोर हाथ साफ कइले सs।

जोधपुर से कामाख्या जा रहल कमलेश कुमार सबसे पहिले रेल मदद के माध्यम से घटना के सूचना देले। ओकरा बाद शिकायत आरपीएफ (रेलवे सुरक्षा बल) पहुंचल।

पीड़ित यात्रियन के कहनाम बा कि चोरी भइल पर्स में नकदी के संगे जरूरी कागजात आ निजी सामान रहे। जानकारी मिलतही आरपीएफ हरकत में आ गइल आ ममिला के जांच सुरू कs देलस।

बतावल जा रहल बा कि ट्रेन पटना के बाद न्यू बरौनी स्टेशन पs रुकला, बाकिर ओकरा पहिलही बदमाश वारदात कs के भाग चुकल रहलें सs।

यात्री आरोप लगवले बा लोग कि ट्रेन में सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम ना रहे आ रात में निगरानी के कमी से अइसन घटना लगातार बढ़ रहल बा।

आरपीएफ बतवलस कि ऑनलाइन आवेदन के आधार पs छानबीन चल रहल बा। संबंधित कोचन के यात्रियन से पूछताछ हो रहल बा आ आसपास के रेलवे स्टेशनन के सीसीटीवी फुटेज खंगालल जा रहल बा।

संगही चेन पुलिंग भइल जगह के आधार पs संदिग्ध बदमाशन के तलाश तेज कs दिहल गइल बा।

एह घटना के बाद यात्रियन में दहशत के माहौल बा। लोग रेलवे प्रशासन से मांग कs रहल बा कि रात के समय ट्रेनन में सुरक्षा बढ़ावल जावs, गश्त तेज होखे आ संदिग्ध गतिविधियन पs कड़ा नजर रखल जावs। लगातार हो रहल चोरी के घटना रेल यात्रियन के सुरक्षा पs एक बेर फेर सवाल खड़ा कs रहल बा।

Read Also: Railway Job Scam : रेलवे नौकरी घोटाला में ED के बड़ कार्रवाई, बिहार-यूपी सहित 4 राज्य में 15 ठिकानन पs छापा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.