छपरा में 16 अप्रिल के लागी रोजगार मेला: 12वीं पास नवहन के मिली मवका, बाइक आ ड्राइविंग लाइसेंस जरूरी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 10, 2025

छपरा : सारण जिला प्रशासन आ अवर प्रादेशिक नियोजनालय 16 अप्रिल के रोजगार मेला आयोजित करे जा रहल बा। ई मेला बाजार समिति के लगे इस्थित अवर प्रादेशिक नियोजनालय कार्यालय में सबेरे 11 बजे से

Share

छपरा में 16 अप्रिल के लागी रोजगार मेला: 12वीं पास नवहन के मिली मवका, बाइक आ ड्राइविंग लाइसेंस जरूरी

छपरा : सारण जिला प्रशासन आ अवर प्रादेशिक नियोजनालय 16 अप्रिल के रोजगार मेला आयोजित करे जा रहल बा। ई मेला बाजार समिति के लगे इस्थित अवर प्रादेशिक नियोजनालय कार्यालय में सबेरे 11 बजे से सांझ 4 बजे तक चली।

जिला नियोजन पदाधिकारी शोभा कुमारी बतवलीकि HipHop Media House Pvt. Ltd. सेल्स एग्जीक्यूटिव के पदन पs भरती करी। एह पदन खातिर 12वीं पास नवहा आवेदन कs सकत बा लो। आवेदकन के लगे बाइक आ ड्राइविंग लाइसेंस होखल जरूरी बा। उम्मीदवारन के आयु 18 से 48 बरिस के बीच होखे के चाहीं। नौकरी बिहार राज्य में कहियों दिहल जा सकत बा।

कंपनी साक्षात्कार के आधार पs उम्मीदवारन के चयन करी। चयनित उम्मीदवारन के 15,500 रुपिया मासिक वेतन के संगे अतिरिक्त इंसेंटिवो मिली। कंपनी ज्वाइनिंग निशुल्क कराई।

ड्राइविंग लाइसेंस आ बाइक ले आवल अनिवार्य

मेला में भाग लेवे खातिर उम्मीदवारन के बायोडाटा, शैक्षणिक प्रमाण पत्र, आधार कार्ड, फोटो आ ड्राइविंग लाइसेंस ले आवे के होई। संगही, बाइको लेके आइल जरूरी बा। आवेदकन के www.ncs.gov.in पs नियोजनालय में पंजीकरण करावल अनिवार्य बा। एकरा खातिर प्रादेशिक नियोजनालय छपरा से संपर्क कइल जा सकत बा।

Read Also: Bihar News: बिहार में प्रखंड मुख्यालयन में खुली कैंटीन, जीविका दीदियन के बनी परिचय पत्र

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.