Jharkhand Liquor Scam : एसीबी के कार्रवाई, गोवा से गिरफ्तार भइल कारोबारी नवीन केडिया

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

रांची। झारखंड में सामने आइल शराब घोटाला ममिला में भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो (एसीबी) बड़ कार्रवाई कइले बिया। एसीबी बियफे के छत्तीसगढ़ के शराब कारोबारी नवीन केडिया के गोवा से धर दबोचलस। गिरफ्तारी के बाद अब

Share

ACB arresting liquor businessman Naveen Kedia in Jharkhand liquor scam case

रांची। झारखंड में सामने आइल शराब घोटाला ममिला में भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो (एसीबी) बड़ कार्रवाई कइले बिया। एसीबी बियफे के छत्तीसगढ़ के शराब कारोबारी नवीन केडिया के गोवा से धर दबोचलस। गिरफ्तारी के बाद अब एसीबी ओकरा के ट्रांजिट रिमांड पs रांची ले आवे के तइयारी में लागल बिया, जहां ओकरा से रिमांड पs गहिराह पूछताछ कइल जाई।

जानकारी के मोताबिक, नवीन केडिया पs एसीबी पहिले से गिरफ्तारी वारंट जारी कइले रहे। वारंट निकलला के बादे से ऊ फरार चलत रहे आ कोर्ट में जमानत खातिर अर्जियो देले रहे। अब गिरफ्तारी के बाद एसीबी के जांच में कइयन गो अहम खुलासा होखे के उम्मेद जतावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि उत्पाद आ मद्य निषेध विभाग के पूर्व प्रधान सचिव विनय कुमार चौबे के कार्यकाल में मई 2022 में लागू भइल नया उत्पाद नीति के दौरान छत्तीसगढ़ के शराब कारोबारी आ प्लेसमेंट एजेंसियन के झारखंड में काम दिहल गइल रहे। आरोप बा कि एह काम के बदले मोट कमीशन वसूलल गइल। नवीन केडिया के विनय कुमार चौबे के करीबी मानल जात बा, एकरा चलते जांच एजेंसी ओकर भूमिका पs खास नजर रखले बिया।

एसीबी के सूत्र बता रहल बा कि नवीन केडिया के पूछताछ से शराब घोटाला के नेटवर्क आ पईसन के लेनदेन से जुड़ल कइयन गो अहम कड़ी सामने आ सकेला।

बतावल जा रहल कि 13 अक्टूबर 2025 के बाद से एह ममिला में नवीन केडिया छठा गिरफ्तार कारोबारी हवे। एकरा से पहिले एसीबी 13 अक्टूबर 2025 के गुजरात के अहमदाबाद से प्लेसमेंट एजेंसी विजन हॉस्पिटालिटी सर्विसेज एंड कंस्ल्टेंट्स से जुड़ल तीन आरोपी- परेश अभेसिंह ठाकोर, विक्रमासिंह, अभेसिंह ठाकोर आ महेश शिडगे के गिरफ्तार कइले रहे।

एकरा बाद 14 नवंबर के छत्तीसगढ़ के बिलासपुर से शराब कारोबारी राजेंद्र जायसवाल उर्फ चुन्नू जायसवाल के धइले रहे। 13 दिसंबर के महाराष्ट्र के ठाणे से प्लेसमेंट एजेंसी मेसर्स मार्शन के निदेशक जगन तुकाराम देसाई के गिरफ्तारी भइल रहे। अब गोवा से नवीन केडिया के गिरफ्तारी के संगे झारखंड शराब घोटाला ममिला में एसीबी के शिकंजा आउर कस गइल बा।

Read Also: Kamakhya Express Robbery : कामाख्या एक्सप्रेस में चार कोच के यात्रियन संगे लूटपाट, चेन पुलिंग कs के फरार भइलें सs बदमाश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.