झारखंड में चंपई सरकार के कैबिनेट विस्तार, शिबू सोरेन के छोट बेटा बसंत समेत 8 मंत्री लो लेले शपथ

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2024

      रांची: झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) प्रमुख शिबू सोरेन के सबसे छोट बेटा बसंत सोरेन 7 अन्य विधायकन के संगे शुक्रवार के चंपई सोरेन के नेतृत्व में बनलs नया सरकार में मंत्री पद

Share

 

 

 

रांची: झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) प्रमुख शिबू सोरेन के सबसे छोट बेटा बसंत सोरेन 7 अन्य विधायकन के संगे शुक्रवार के चंपई सोरेन के नेतृत्व में बनलs नया सरकार में मंत्री पद खातिर शपथ लेले। बसंत सोरेन झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के छोट भाई हवन। हेमंत कथित भूमि घोटाला से जुड़ल धनशोधन के ममीला में फिलहाल न्यायिक हिरासत में बाड़े। झारखंड के 12 सदस्यीय मंत्रिमंडल में जवन नया चेहरा के शामिल कइलऽ गइलऽ बा, ओहमें झामुमो के चाईबासा से विधायक दीपक बिरुआ आ दुमका से बसंत सोरेन बाड़े।

शपथ ग्रहण समारोह राजभवन के बिरसा मंडप में भइलs आ एह दौरान झामुमो नीत गठबंधन के वरिष्ठ नेता आ अन्य सरकारी अधिकारी भी मौजूद रहले। मुख्यमंत्री कहले, ‘‘विभाग के आवंटन आज करs देवलऽ जाई। सब मंत्रियनऽ के जिम्मेदारी देवे के बाद हम झारखंड के विकास कार्य के आगे ले ज़ाएब।’’

दुमका सीट से भाजपा के लुइस मरांडी के हरा के विधायक बनल रहलन बसंत

बसंत सोरेन नवंबर 2020 में भइल उपचुनाव में दुमका सीट से भाजपा के लुइस मरांडी के 6,842 मत से हरा के विधायक निर्वाचित भइले। झारखंड विधानसभा खातिर 2019 में भइल चुनाव में बिरुआ ने चाईबासा सीट पs भाजपा के जे बी तुबिद के 26 हजार से अधिक मत से हरावले रहलन। हेमंत सोरेन मंत्रिमंडल में शामिल रहले आ अब चंपई सोरेन के मंत्रिमंडल में शामिल करलऽ गइलऽ नेता लोगन में झामुमो के मिथिलेश कुमार ठाकुर, हफीजुल हसन आ बेबी देवी के अलावा कांग्रेस के रामेश्वर उरांव, बन्ना गुप्ता आ बादल पत्रलेख शामिल बाड़े। राज्यपाल सी पी राधाकृष्णन मंत्रियन के पद एवं गोपनीयता के शपथ दिलावले।

31 जनवरी के गिरफ्तार भइल रहले हेमंत सोरेन

एकरा पहिले दु फरवरी के 67 वर्षीय चंपई सोरेन राज्य के 12वें मुख्यमंत्री के रूप में शपथ लेले रहले। उनका संगे वरिष्ठ कांग्रेस नेता आलमगीर आलम आ राष्ट्रीय जनता दल (राजद) नेता सत्यानंद भोक्ता मंत्री पद के शपथ लेले रहले। झामुमो के कार्यकारी अध्यक्ष हेमंत सोरेन के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा देवे के तुरंत बाद 31 जनवरी के ईडी गिरफ्तार कर लेले रहे।

झारखंड में कवन पार्टी के केतना विधायक?

राज्य के 81 सदस्यीय विधानसभा में झामुमो के नेतृत्व वाला गठबंधन के 47 विधायक बाड़े। एह मे झामुमो के 29, कांग्रेस के 17आ राजद के एगो विधायक बाड़े। विपक्षी भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के 26 आ ऑल झारखंड स्टूडेंट्स यूनियन पार्टी (आजसू) के तीन विधायक बाड़े। एकरे अलावा राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी आ भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी-लेनिनवादी) के एक-एक विधायक आ दु निर्दलीय विधायक बाड़े।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.