स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के अंडर-23 महिला मुक्केबाजन एशियाई अंडर-19 आ अंडर-23 बॉक्सिंग चैंपियनशिप में जबरदस्त खेल देखावत नव गो वर्ग के सेमीफाइनल में जगह बना लेले बा लो। एही के संगे पदको पक्का हो गइल बा।
तनु (51 किलो) थाईलैंड के केवालिन नोरासिंग के 5-0 से एकतरफा हरवली। ओहिजा निशा (54 किलो) क्वार्टर फाइनल में कजाखस्तान के आलियाक्सर सिम्बैट के खिलाफ 5-0 से सानदार जीत हासिल कइली।
कड़ा मुकाबला में निधि के हार झेले के पड़ल
निधि (48 किलो) बहुते बढ़िया खेल देखवली, बाकिर कड़ा मुकाबला में कजाखस्तान के गुलनाज बुरीबायेवा से 2-3 के अंतर से हार गइली।
प्राची (57 किलो) कोरिया के येजिन ओह के खिलाफ पहिलका राउंड में आरएससी (रेफरी मुकाबला रोक देलें) से जीत दर्ज कइली।
निकिता चंद (60 किलो) चीनी ताइपे के चेन शुआन ये के तीसरा राउंड में आरएससी से हरवली। जबकि काजल (65 किलो) जापान के अरिंडा अकिमोतो के रोमांचक मुकाबला में 4-1 से मात देली।
भारत के नव गो पदक पक्का
अंडर-23 महिला प्रतियोगिता में भारत अब कुल 9 गो पदक पक्का कs लेले बा, काहे कि एह चैंपियनशिप में सेमीफाइनल तक पहुंचे वाला हर मुक्केबाज के पदक मिलेला।
सेमीफाइनल में पहुंचे वाली भारतीय मुक्केबाजन में तनु (51 किलो), निशा (54 किलो), प्राची (57 किलो), निकिता चंद (60 किलो), काजल (65 किलो), शिवानी (70 किलो), मुस्कान (75 किलो), नैना (80 किलो) आ प्रियंका (80 किलो से ऊपर) सामिल बा लो। अब भारत के ई सब मुक्केबाज फाइनल में पहुंचके सोना जीते खातिर अपना अगिला मुकाबला खेली लो।









