Bihar Electricity Tariff : बिहार में स्मार्ट मीटर उपभोक्ता खातिर नया बिजली दर लागू, दिन में सबसे सस्ता बिल आई

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2026

जहानाबाद। जहानाबाद सहित पूरा बिहार में स्मार्ट मीटर से बिजली इस्तेमाल करे वाला उपभोक्तन खातिर अब “टाइम ऑफ डे टैरिफ” लागू कs दिहल गइल बा। एह नया बेवस्था में अलग-अलग समय पs बिजली के दर

Share

Bihar Smart Meter Tariff

जहानाबाद। जहानाबाद सहित पूरा बिहार में स्मार्ट मीटर से बिजली इस्तेमाल करे वाला उपभोक्तन खातिर अब “टाइम ऑफ डे टैरिफ” लागू कs दिहल गइल बा। एह नया बेवस्था में अलग-अलग समय पs बिजली के दर अलग-अलग रही, जवना से लोग अपना इस्तेमाल के समय बदल के बिल में बचत कs सकेला।

कार्यपालक अभियंता नंदलाल चौधरी बतवलें कि सांझ पांच बजे से रात 11 बजे तक सबसे व्यस्त समय मानल गइल बा। एह समय 125 यूनिट से जादे खपत करे वाला उपभोक्ता खातिर बिजली दर 7.91 रुपिया प्रति यूनिट बा। सरकार से 3.30 रुपिया प्रति यूनिट अनुदान मिलला के बाद उपभोक्ता के 4.61 रुपया प्रति यूनिट देवे के पड़ी। एह समय करीब 66 पैसा प्रति यूनिट के बचत हो सकेला।

रात 11 से सबेरे 9 बजे तक दर

रात 11 बजे से सबेरे 9 बजे तक के समय ऑफ-पीक मानल गइल बा। एह समय बिजली दर 7.12 रुपिया प्रति यूनिट बा। अनुदान के बाद उपभोक्ता के 3.87 रुपिया प्रति यूनिट देवे के पड़ी, जवना में करीब 1.40 रुपया प्रति यूनिट के बचत हो सकेला।

सबसे सस्ता बिजली कब मिली?

सबेरे 9 बजे से सांझ पांच बजे तक बिजली सबसे सस्ता रही। एह समय मूल दर 5.56 रुपिया प्रति यूनिट बा। सरकार के 3.30 रुपिया अनुदान के बाद उपभोक्ता के खाली 2.88 रुपिया प्रति यूनिट देवे के पड़ी। एह समय सबसे जादे बचत संभव बा।

नया बेवस्था के मकसद

एह नया सिस्टम के मकसद बिजली के इस्तेमाल के संतुलित कइल बा, ताकि पीक टाइम में लोड कम होखे। संगही दिन में जादे बिजली इस्तेमाल करे के बढ़ावा दिहल जा रहल बा।

बिजली विभाग के अनुसार, ई नियम अभी खाली स्मार्ट मीटर वाला घरेलू उपभोक्तन पs लागू बा आ नया वित्तीय साल से लागू हो गइल बा। अब सही समय पs बिजली इस्तेमाल कs के लोग आपन मासिक बिल में साफ कमी ले आ सकेला।

Read Also: UK Iran Stance : ‘ई हमनी के लड़ाई ना हs’: ब्रिटेन पीएम के बयान, ईरान जंग में सामिल होखे से कइलें इनकार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.