Cheteshwar Pujara Retirement: चेतेश्वर पुजारा क्रिकेट से लेलें संन्यास, 20 साल के रहल करियर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 24, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम से बाहर चल रहल टेस्ट क्रिकेटर चेतेश्वर पुजारा क्रिकेट के सब फॉर्मेट से सन्यास ले लेले बाड़ें। उ 20 साल क्रिकेट खेललें। एह 20 सालन में उ 13 साल इंटरनेशनल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम से बाहर चल रहल टेस्ट क्रिकेटर चेतेश्वर पुजारा क्रिकेट के सब फॉर्मेट से सन्यास ले लेले बाड़ें। उ 20 साल क्रिकेट खेललें। एह 20 सालन में उ 13 साल इंटरनेशनल क्रिकेट में बितवले। चेतेश्वर पुजारा घरेलू क्रिकेट में साल 2005 में आपन पहिला मैच खेलले रहस। उ एगो फर्स्ट क्लास मैच रहे, जवन कि सौराष्ट्र आ विदर्भ के बीच खेलल गइल रहे। उ आपन आखिरी मैच फर्स्ट क्लास के तौर पs फरवरी 2025 में गुजरात के खिलाफ खेललें।

13 साल के रहल इंटरनेशनल करियर

इंटरनेशनल क्रिकेट में पुजारा आपन डेग साल 2010 में रखले रहस। उ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बेंगलुरु में डेब्यू कइले रहस, जवन एगो टेस्ट मैच रहे। ओहिजा, साल 2013 में जिम्बाब्वे के खिलाफ बुलावायो में उनकर वनडे डेब्यू भइल। पुजारा के वनडे करियर तs जादे ना चलल बाकिर टेस्ट क्रिकेट में उनकर गोड डेब्यू के बाद अगिला 13 साल तक जमल रहल। उ आपन आखिरी टेस्ट ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ जून 2023 में खेलले रहस। उ अपना करिअर में 103 टेस्ट मैच खेलके उ 7195 रन बनवलें।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.