PoK से कश्मीर में घुसपैठ के कोसिस नाकाम, सुरक्षाबलन के फायरिंग में दूगो आतंकी ढेर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2025

श्रीनगर। उत्तरी कश्मीर के नियंत्रण रेखा (एलओसी) पs मच्छल (कुपवाड़ा) सेक्टर में सोमार के सेना के जवान घुसपैठ के एगो प्रयास के नाकाम कs दिहल लोग। मिलल जानकारी के अनुसार, सेना के एह कार्रवाई में

Share

श्रीनगर। उत्तरी कश्मीर के नियंत्रण रेखा (एलओसी) पs मच्छल (कुपवाड़ा) सेक्टर में सोमार के सेना के जवान घुसपैठ के एगो प्रयास के नाकाम कs दिहल लोग। मिलल जानकारी के अनुसार, सेना के एह कार्रवाई में दूगो आतंकवादी मारल गइल बा लाेग। मवजूदा समय में तलाशी अभियान जारी बा।

बता दीं कि ई घटना इलाका के कमकाडी क्षेत्र में भइल। सूत्र लोग बतावल कि एलओसी पs गश्त कs रहल जवान सांझ के करीब सात बजे कुछ हथियारबंद तत्वन के गुलाम जम्मू कश्मीर के ओर से भारतीय क्षेत्र में प्रवेश करत देखल लोग।

जवान तुरंत आस-पास के चौकियन के सूचित कइल लोग आ आपन इस्थिति मजबूत कइल। जइसही घुसपैठियन के दल एलओसी पार करे लागल तs जवान ओकनी के ललकारल। एकरा पs घुसपैठी भागे के प्रयास कइले सs आ जवानन के ध्यान भटकावे खातिर गोलीबारी। भारतीय जवान जवाबी फायर कइल लोग।

सूत्रन के अनुसार, दूनो पक्षन के बीच लगभग 40 मिनट तक रुक-रुक के गोलीबारी होत रहल। जब आतंकियन के ओर से गोलीबारी बंद भइल, तs जवान जवाबी फायर रोक दिहल लोग। जवान गोलीबारी वाला क्षेत्र में तलाशी अभियान चलावल लाेग, जवन देर रात से जारी बा।

Read Also: IND vs WI 2nd Test : 5वां दिन टीम इंडिया वेस्टइंडीज के कइलस सूपड़ा साफ; गंभीर के मिलल परफेक्ट बर्थडे गिफ्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.