टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ अपना पुरान स्मार्टफोन के कमजोर बैटरी से परेसान बानी आ अइसन 5G फोन किने के सोचत बानी, जवना में दमदार बैटरी मिले, तs Realme P4 Power 5G रउआ खातिर बढ़िया विकल्प हो सकेला। एह स्मार्टफोन में 10001mAh के विशाल बैटरी, MediaTek प्रोसेसर आ 50MP कैमरा जइसन कइयन गो सानदार फीचर मिल रहल बा।
हालांकि एह फोन के असली कीमत ₹32,999 बा, बाकिर फिलहाल ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म Flipkart पs बैंक ऑफर के संगे एकरा के खाली ₹26,124 में किनल जा सकेला।
Realme P4 Power 5G पs मिल रहल बा भारी छूट
Realme P4 Power 5G के कीमत आमतौर पs ₹32,999 बा, बाकिर फिलहाल फ्लिपकार्ट एह फोन पs ₹5,000 के सीधा डिस्काउंट दे रहल बा। एह ऑफर के बाद फोन के कीमत ₹27,999 हो गइल बा।
- एकरा अलावे बैंक ऑफर के फायदा उठवला पs आउर बचत हो सकेला।
- SBI क्रेडिट कार्ड से भुगतान कइला पs ₹1,400 तक के अतिरिक्त छूट।
- Flipkart Axis Credit Card से भुगतान कइला पs ₹1,875 तक के डिस्काउंट।
- एह सब ऑफर के बाद फोन के प्रभावी कीमत घटके ₹26,124 रह जाला।
Realme P4 Power 5G के खास फीचर्स
- Realme P4 Power 5G में दमदार परफॉर्मेंस खातिर MediaTek Dimensity 7400-Ultra प्रोसेसर दिहल गइल बा
- फोन में 6.8 इंच के 1.5K Curved AMOLED डिस्प्ले बा, जवन 144Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करेला। एकरा से गेमिंग आ वीडियो देखे के अनुभव बहुते स्मूद हो जाला।
- फोटोग्राफी खातिर एह स्मार्टफोन में 50MP OIS प्राइमरी कैमरा मिलेला, जवना से साफ आ स्टेबल फोटो क्लिक कइल जा सकेला।
- फोन के सबसे बड़ आकर्षण 10001mAh के विशाल बैटरी बा, जवन लमहर समय तक बैकअप देवे के दावा करेला। एह बैटरी के जल्दी चार्ज करे खातिर 80W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट दिहल गइल बा।
जदि रउआ कम दाम में बड़ बैटरी, सानदार डिस्प्ले, दमदार प्रोसेसर आ बढ़िया कैमरा वाला 5G फोन किनल चाहत बानी, तs Realme P4 Power 5G पs मिल रहल ई ऑफर रउआ खातिर फायदेमंद साबित हो सकेला।
Read Also: 09 जुलाई 2026 के राशिफल









