Andhra Bus Accident : आंध्र प्रदेश में बस ऑटो में घुसल, 7 लोगन के मौत, 2 के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

सेंट्रल डेस्क। आंध्र प्रदेश के पलनाडु जिला में बियफे के एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। चिलाकलुरिपेट में अड्डा रोड के लगे एगो निजी ट्रैवल बस ऑटो-रिक्शा में जोरदार टक्कर मार देलस। एह हादसा में

Share

सेंट्रल डेस्क। आंध्र प्रदेश के पलनाडु जिला में बियफे के एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। चिलाकलुरिपेट में अड्डा रोड के लगे एगो निजी ट्रैवल बस ऑटो-रिक्शा में जोरदार टक्कर मार देलस। एह हादसा में ऑटो में सवार 7 लोगन के मौत हो गइल, जबकि 2 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। दुनु घायलन के अस्पताल में भरती करा के इलाज चल रहल बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक, निजी ट्रैवल बस विजयवाड़ा से चेन्नई के ओर जात रहे। एही दौरान बस के ऑटो-रिक्शा से टक्कर हो गइल। ऑटो में सवार यात्री कोंडा मंजुरु से वेल्लोर एगो समारोह में सामिल होखे खातिर जात रहे लो।

दुर्घटना के सूचना मिलतही स्थानीय पुलिस आ 108 एंबुलेंस सेवा के टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल। पुलिस आ बचावकर्मी घायल लोगन के तत्काल अस्पताल पहुंचवलें। हादसा के बाद घटनास्थल पs अफरा-तफरी मच गइल।

परिवहन मंत्री जतवलें दुख

आंध्र प्रदेश के परिवहन मंत्री मंडीपल्ली रामप्रसाद रेड्डी हादसा में सात लोगन के मौत पs गहिराह दुख जतवलें। ऊ कहलें कि यात्रा लोगन के उनकर मंजिल तक पहुंचावे के चाहीं, अंतिम मंजिल तक ना। मंत्री शोकाकुल परिवारन के प्रति संवेदना जतावत स्वास्थ्य विभाग के अधिकारियन के घायल यात्रियन के बेहतर इलाज सुनिश्चित करे के निरदेस देलें।

ट्रैफिक सामान्य करे के निरदेस

परिवहन मंत्री विभागीय अधिकारियन के दुर्घटनास्थल पs तत्काल जरूरी कार्रवाई करे आ यातायात सामान्य करे के निरदेस देलें। संगही लोगन से सड़क सुरक्षा नियम के पालन करे आ सावधानी से वाहन चलावे के अपील कइल गइल।

24 अगस्त के भइल रहे हादसा

एकरा से पहिले 24 अगस्त के आंध्र प्रदेश के विजयनगरम जिला में एगो पुलिस वाहन दुर्घटनाग्रस्त हो गइल रहे। ब्रेक फेल होखे के चलते भइल एह हादसा में एगो पुलिस कांस्टेबल के मौत हो गइल रहे। हादसा में सब-इंस्पेक्टर आ वाहन चालक घायल भइल रहे लो। पुलिस के गाड़ी जांच खातिर कोंडाकरकम गांव जात रहे। घायल पुलिसकर्मियन के अस्पताल में इलाज करावल गइल।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.