[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: धीरे टहलला के सेहत पs पड़ सकेला भारी, Walking Speed के रखी ख्याल

टहले के फायदा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिटनेस खातीर टहलल जरूरी बा। रोज टहलला से फायदा होखेला, बाकिर बहुत कम लोग के पता बा कि आपके चले के गति के स्वास्थ्य पs अलग-अलग असर पड़ेला। राउर टहलला के गति से राउर स्वास्थ्य के कइसे पता चलेला? अगर आप रोज बहुत धीरे-धीरे टहलत बानी तs एकरा से फायदा के बजाय नुकसान हो सकता। जी हाँ, ताज़ा अध्ययन में पाता चलल बा कि धीरे-धीरे टहलला से आपके बहुत दुष्प्रभाव के सामना करे के पड़ सकता। एहसे पैदल टहलला के दौरान अपना गति के खास ध्यान राखीं।

तेजी से टहलला के फायदा
अध्ययन में कहल गईल बा कि तेज टहले वाला लोग धीमा गति से टहले वाला लोग के मुक़ाबले जादे स्वस्थ होखेला। शोध में कहल गईल बा कि, जवन लोग बढ़िया गति से चलेले, ओ लोग के कार्डियोवैस्कुल स्लो चलेवाला लोग के मुक़ाबले बहुत मजबूत होखेला। अयीसन लोग में दिल के बेमारी के खतरा भी कम होखेला। तेज गति से टहले से लंग्स फंक्शन में भी सुधार होखेला।

टहलला से रउरा जवान देखाई देब
अध्ययन के मुताबिक रोज निमन गति से टहले वाला लोग दोसरा से उमीर मे छोट देखाई देले। जबकि ना टहले से उमिर बढ़ल लउकेला. रोज गति से टहलला से आपके वजन कम हो जाला। शरीर अधिका सक्रिय रहेला। अगर रउरा दौड़त बानी तs रउरा अधिका स्वस्थ आ सक्रिय रहब. दौड़ला से दिल मजबूत हो जाला। देह फुर्तीला आ चुस्त बनल रहेला। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]