Bihar Politics : जदयू नीतीश कुमार आ भाजपा सम्राट चौधरी के विधायक दल के नेता चुनलस, विजय सिन्हा बनलें उपनेता

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के तइयारी जोर-शोर से चलत बा। आज बुध के दिने जदयू आ बीजेपी दुनो पार्टी आपन-आपन विधायक दल के नेता चुन लिहलस। जदयू के नवनिर्वाचित विधायक मुख्यमंत्री आवास पs

Share

Nitish Kumar and Samrat Chaudhary selected as legislative party leaders during NDA meetings in Patna

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के तइयारी जोर-शोर से चलत बा। आज बुध के दिने जदयू आ बीजेपी दुनो पार्टी आपन-आपन विधायक दल के नेता चुन लिहलस। जदयू के नवनिर्वाचित विधायक मुख्यमंत्री आवास पs भइल बैठक में सर्वसम्मति से नीतीश कुमार के फेर से आपन नेता चुन लिहलें। ठीक 11 बजे से सुरू भइल बैठक में जदयू विधायक लोग नीतीश कुमार पर फेर भरोसा जतवलस।

जदयू के वरिष्ठ नेता श्याम रजक कहले कि बिहार के जनता उत्साहित बा, काहे कि ऊ लोग नीतीश कुमार के नेता बनवलक। उ कहले कि मुख्यमंत्री पद खातिर पार्टी के पहिला आ अंतिम पसंद नीतीश कुमार ही बाड़ें। वहीँ विधायक मनोरमा देवी कहलीं कि आज के दिन बिहार खातिर बहुत खास बा। नीतीश कुमार सब केहू के भलाई के काम करे वाला नेता बाड़ें, ई बात फेर साबित हो गइल।

ओने, पटना में भाजपा के विधायक दल के बैठक पार्टी कार्यालय में भइल। भाजपा विधायक सम्राट चौधरी के आपन विधायक दल के नेता चुन लिहल। अब स्पष्ट हो गइल बा कि ऊ डिप्टी सीएम बनिहें। एही बैठक में विजय सिन्हा के विधायक दल के उपनेता बनावल गइल। एह प्रस्ताव के समर्थन प्रेम कुमार, रामकृपाल यादव, कृष्ण कुमार ऋषि, संगीता कुमारी, अरुण शंकर प्रसाद आ बाकी कइयन गो नेता लोग कइल।

सूत्र बतवलस कि बीजेपी दू गो डिप्टी सीएम बनावे के मूड में बिया। बाकी चिराग पासवान के पार्टी, जवन 19 सीट जीतले बिया, ऊ लोग एगो डिप्टी सीएम आ तीन मंत्री पद के दावा करत बा। एकरा पs बातचीत अभी जारी बा, बाकियो हो सकेला कि समझौता जल्दिये तय हो जाई। दिल्ली में भइल पिछला बैठक में ई फैसला तय ना हो सकल रहे।

आज विधानसभा के सेंट्रल हॉल में एनडीए विधायक दल के अहम बैठक होखे वाला बा। एमे भाजपा, जदयू, लोजपा (रामविलास), हम, आ आरएलएम के विधायक मौजूद रही लोग। नीतीश कुमार, चिराग पासवान, संतोष सुमन, उपेंद्र कुशवाहा, सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा सभे मंच पर एक साथ नजर आई लोग।

एह राजनीतिक हलचल के बीच गृह मंत्री अमित शाह पटना पहुंचत बाड़ें, जे भाजपा के रणनीतिक बैठक में हिस्सा लिहें। पटना में राजनीति के तापमान आज खूबे गरम बा आ पूरा बिहार के नजर एह घटनाक्रम पर टिकल बा।

Read Also: Asia Cup Rising Stars 2025 : वैभव सूर्यवंशी के बल्ला के धमाल, एह एडिशन में ई खास कमाल करे वाला भारत के अकेला बल्लेबाज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.