एजुकेशन डेस्क। एयरफोर्स में सामिल होखे के सपना देख रहल नवहन खातिर महत्वपूर्ण अपडेट बा। इंडियन एयरफोर्स अग्निवीर वायु (INTAKE 02/2027) भरती खातिर नोटिफिकेशन जारी कइला के बाद आवेदन स्टार्ट हो गइल बा। जे छात्र इंडियन एयरफोर्स में सामिल होखल चाहत बा आ एकरा खातिर पात्रता पूरा करत बा ऊ बिना देरी करत तुरंत ऑफिशियल वेबसाइट agnipathvayu.cdac.in पs जाके भा एह पेज पs दिहल डायरेक्ट लिंक से आवेदन कs सकत बा। फॉर्म भरे के लास्ट डेट 26 जुलाई 2026 निर्धारित बा।
फॉर्म भरे खाातिर योग्यता आ मापदंड
एह भरती में आवेदन खातिर उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से गणित, भौतिकी आ अंग्रेजी विषय के संगे न्यूनतम 50 प्रतिशत अंकन से 12वीं कक्षा उत्तीर्ण होखल अनिवार्य बा भा एकरा अलावे उम्मीदवार मैकेनिकल, इलेक्ट्रिकल, इलेक्ट्रॉनिक्स, ऑटोमोबाइल, कंप्यूटर साइंस, इंस्ट्रूमेंटेशन टेक्नोलॉजी आदि विषय में इंजीनियरिंग डिप्लोमा प्राप्त कइले होखे भा दु साल के वोकेशनल कोर्स न्यूनतम 50 प्रतिशत अंकन के संगे पास कइले होखे।
आयु सीमा
एह भरती में आवेदन खातिर अभ्यर्थी के न्यूनतम आयु 17.5 बरिस आ अधिकतम आयु 21 साल से जादे ना होखे माने उम्मीदवार के जनम 1 जुलाई 2005 से पहिले आ 2 जनवरी 2010 के बाद ना भइल होखे। एह सबके अलावे महिला आ पुरुष अभ्यर्थियन के न्यूनतम लंबाई 152 सेमी होखल आवश्यक बा। आरक्षित क्षेत्र के एमे छूट दिहल गइल बा।
एप्लीकेशन प्रॉसेस
एह भरती में सामिल होखे खातिर छात्र खुदे घर बइठल फॉर्म भर सकत बा लोग। राउर सहूलियत खातिर आवेदन के स्टेप्स आ लिंक इहां दिहल जा रहल बा।
- एह भरती में आवेदन खातिर सबसे पहले आधिकारिक वेबसाइट agnipathvayu.cdac.in पs विजिट करीं।
- वेबसाइट के होम पेज पs आवेदन के डायरेक्ट लिंक पs क्लिक करीं।
- अब रउआ नया पेज पs रजिस्टर बटन पs क्लिक कs के मांगल गइल डिटेल भरके पंजीकरण करे के होई।
- एकरा बाद लॉग इन के माध्यम से आउर डिटेल भरके फॉर्म के पूरा कs लीं।
- अंत में निर्धारित शुल्क जमा कs के फॉर्म के सबमिट कs दीं आ ओकर एगो प्रिंटआउट निकाल के अपना लगे सुरक्षित रख लीं।
- नोटिफिकेशन डाउनलोड करे खातिर इहां क्लिक करीं।
केतना लागी शुल्क
एह भरती में आवेदन पत्र भरे के संगे सब वर्ग के उम्मीदवारन के 550 रुपिया शुल्क के भुगतान कइल होई। अभ्यर्थी फॉर्म जमा करे के संगे ऑनलाइन माध्यम से फीस जमा कs सकत बा लोग।









