‘हम लोगन के दिल में बसे आइल रही आ ओमें कामयाब भइनी…’, गुड़गांव लोकसभा सीट से मिलल हार पऽ बोलले राज बब्बर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 5, 2024

Gurgaon Lok Sabha Chunav Result दुपहरिया 12 बजे राज बब्बर 28040 वोटन से आगे चलत रहले। राज बब्बर एक बजे भाजपा प्रत्याशी राव इंद्रजीत सिंह से 11 हजार 296 वोटन से आगे चलत रहले। दू

Share

Gurgaon Lok Sabha Chunav Result दुपहरिया 12 बजे राज बब्बर 28040 वोटन से आगे चलत रहले। राज बब्बर एक बजे भाजपा प्रत्याशी राव इंद्रजीत सिंह से 11 हजार 296 वोटन से आगे चलत रहले। दू बजे ले लगातार राज बब्बर के आगे रहला के बाद दू बजते राव इंद्रजीत बब्बर के छह हजार 986 वोटन से पीछे कऽ देले।

गुड़गांव लोकसभा चुनाव में हारल कांग्रेस प्रत्याशी फिल्म अभिनेता राज बब्बर कहले कि उऽ इहाँ चुनाव लड़े ना आइल रहले। लोगन दिल में बसे आइल रहनी आ एमें उऽ कामयाबो भइल बाड़े।

गुड़गांव के सात लाख 31 हजार लोग उनका के खूब प्यार देले बा। उऽ चुनाव प्रचार के दौरान जवन वादा कइले रहले, चुनाव हारला के बादो उऽ एकरा खातिर काम करत रहिहें। हम भाजपा प्रत्याशी के काम करे खातिर मजबूर करब। उनका गुरुग्राम के जनता खातिर सड़क पर उतरे के पड़ी।

दू बजे तक रहल बब्बर के राज, फेर भारी पड़ले राव

गुड़गांव लोकसभा सीट पs सुबह आठ बजे मतगणना शुरू होखे के बाद से लगातार दुपहरिया दो बजे ले कांग्रेस प्रत्याशी राज बब्बर के दबदबा रहल। भोरे सवा दस बजे राज बब्बर 43 हजार से ज्यादा राव इंद्रजीत सिंह से आगे चलत रहले। लगातार ई अंतराल कबो ज्यादा तऽ कबो वोटन पs टिकल रहे।

गुड़गांव लोकसभा सीट के गुरुग्राम, नूंह आ रेवाड़ी के सब नौ हलकन में जइसे – जइसे वोटन के गिनती बढ़त गइल, एकरा साथही राज बब्बर खूब बढ़त बनवले रखले। बाकिर दुपहरिया के बाद इस्थिति एकदम पलट गइल आ राव इंद्रजीत सिंह चुनाव परिणाम आवे तक राज बब्बर के भारी मतन के अंतर से लगातार पछाड़ के रखले आ 75 हजार 79 वोटन से जीत हासिल कइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.