सबेरे-सबेरे: आसानी से योग सुरु कइसे करीं, शामिल करीं इs हेल्दी आदत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

    आज भी बहुत लोग बा जे योग ना करेला। आज ले उs लोग एकरा के अपना जीवनशैली में शामिल नईखे कs पावत। दौड़-भाग के जीवनशैली में योग होखल जरूरी बा। आज के तेज

Share

योगासन: फोटो

 

 

आज भी बहुत लोग बा जे योग ना करेला। आज ले उs लोग एकरा के अपना जीवनशैली में शामिल नईखे कs पावत। दौड़-भाग के जीवनशैली में योग होखल जरूरी बा। आज के तेज गति वाला जीवनशैली में इs शारीरिक स्वास्थ्य के एगो जरूरी हिस्सा हs। योग के माध्यम से लोग अपना मन के शांत करत भीतरी शांती पा सकतारे। योग केहू के शरीर आ मन के बीच गहिराह संबंध स्थापित करे में मदद करेला। इs आत्मस्वीकृति अवुरी आत्मकरुणा के बढ़ावा देवेला, जवन कि मन के शांति खातीर बहुत जरूरी बा। एकरा अलावे योग आदमी के शारीरिक रूप से स्वस्थ बनावेला। योग के अभ्यास के माध्यम से लोग अपना शरीर के अनुकूल बनावे में सक्षम होखेला। एहसे प्रतिरक्षा बढ़ावे से लेके बेमारी से दूर रहे ले योग जरूर करे के चाही।

1. बिस्तर से योग शुरू करीं

 बिस्तर से योग शुरू करीं: फोटो
बिस्तर से योग शुरू करीं: फोटो

एके बेर में योग के शुरुआत ना कइल जा सकेला। काहे कि, आदमी कवनो काम के तब ले पूरा मन से ना कs पावेला जब ले ओकरा ओकर फायदा ना पता चलेला। एकरा अलावे एह रन-ऑफ-द-मिल जिनिगी में अलगा से समय निकालल अउरी मुश्किल हो जाला। त, रउआ आपन योग बिस्तर से शुरू करीं। जइसे कि रउरा-

-बालासन आ आनंद बालासन

-कैट-काऊ पोज आ मार्जरी आसन

-सीटेड साइड स्ट्रेच

-सीटेड फॉरवर्ड फोल्ड

2-चेयर पs बइठ के योगा 

चेयर पs बइठ के योगा :फोटो
चेयर पs बइठ के योगा :फोटो

एकरा बाद ऑफिस में बईठ के कुछ योगासन कs सकतानी। रहल बात स्पाइनल ट्विस्ट के तs माथा दाहिने ओर घुमाईं, कुर्सी के पीछे के हिस्सा ले लीं। हर साँस लेबे पs रीढ़ के हड्डी के ऊपर खिंचाईं आ हर साँस छोड़ला पs पांच बेर ई काम करीं। गोड़ के कुर्सी के बाईं ओर ले जाईं आ दाहिना ओर मोड़ के दोहराईं। एकरा अलावे रउरा आंख खातीर कुछ योग कs सकतानी।

3-साँझ के 20 मिनट ले प्राणायाम करीं

एकांत में योगासन:फोटो

अब साँझ के घरे अइला के बाद 20 मिनट निकाल के एकांत में बइठ के प्राणायाम करीं। एह में रउरा अनुलोम-विलोम, ब्रिदिंग त्रिबंध आ प्राणायाम, नाड़ी शुद्धि प्राणायाम, सूर्य भेदन प्राणायाम आ उज्जायी प्राणायाम कs सकेनी।

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.