होम गार्ड भर्ती के दौरान बड़ हादसा, 2 KM के दौड़ के दौरान एगो युवक के मउत, 5 गो अस्पताल में भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: May 29, 2025

ओडिशा के गजपति जिला में बियफ़ें के होमगार्ड के बहाली के दौरान एगो दुखद दुर्घटना भईल। इहाँ शारीरिक परीक्षण के दौरान एगो युवक के मउत हो गईल अवुरी 5 अवुरी युवक के हालत गंभीर बतावल

Share

ओडिशा के गजपति जिला में बियफ़ें के होमगार्ड के बहाली के दौरान एगो दुखद दुर्घटना भईल। इहाँ शारीरिक परीक्षण के दौरान एगो युवक के मउत हो गईल अवुरी 5 अवुरी युवक के हालत गंभीर बतावल जाता। भर्ती प्रक्रिया के दौरान 2 किलोमीटर के दौड़ के दौरान भईल इs दुर्घटना।

मरेवाला युवक के पहचान सुलंत मिशाल के रूप में भईल बा, जवन कि गजपति जिला के रामगिरी थाना क्षेत्र के परिसल गांव के रहेवाला रहले। एकरा संगे 5 अवुरी उम्मीदवार के हालत गंभीर बतावल जाता, जवना के फिलहाल पारलाखेमुंडी जिला मुख्यालय में इलाज चलता। बियफ़ें के सबेरे भर्ती प्रक्रिया के तहत शारीरिक जांच शुरू कs दिहल गईल। एह दौरान उम्मीदवारन के रानीपेंठ से पदमपुर तक 2 किलोमीटर दौड़े के पड़ल। एह दौड़ बेत्तागुड़ा इलाका में भइल रहे.

जानकारी के मुताबिक सुलंत मिशाल दौड़ पूरा कs लेले रहले, बाकिर दौड़ खतम भईला के कुछ मिनट बाद उs जमीन पs गिर गईले अवुरी बेहोश हो गईले। तुरंत उनुका के पारलाखेमुंडी के जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, बाकिर डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। सिर्फ सुलंत ही ना, बल्कि 5 अन्य उम्मीदवार के भी दौड़ के बाद शारीरिक बेचैनी महसूस भईल। एहमें से कुछ नाम पी. शंकर आ अर्पणा पानी हs. सभे के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर हालत गंभीर बनल बा। बाकी लोग के जसही मामला के जानकारी मिलल तs उहां मौजूद बाकी उम्मीदवार अवुरी अधिकारी के बीच दहशत मच गईल। बहाली के प्रक्रिया तुरंत बंद कs दिहल गईल। परिवार के लोग के सूचना दिहल गईल अवुरी पुलिस भी जांच शुरू कs देले बिया।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बिना वजह उदास रहेला मन तs आजमाई इs 5 नुस्खा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.