Hockey World Cup 2026 : पेनल्टी शूटआउट में बेल्जियम से हारल भारत, आठवां स्थान पs खतम भइल अभियान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। हॉकी विश्व कप 2026 में भारत के पदक जीते के सपना फेर अधूरा रह गइल। आठवां स्थान खातिर खेलल मुकाबला में भारत के दुनिया के नंबर-2 टीम बेल्जियम से पेनल्टी शूटआउट में 3-4

Share

India Lost to Belgium in Hockey World Cup 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। हॉकी विश्व कप 2026 में भारत के पदक जीते के सपना फेर अधूरा रह गइल। आठवां स्थान खातिर खेलल मुकाबला में भारत के दुनिया के नंबर-2 टीम बेल्जियम से पेनल्टी शूटआउट में 3-4 से हार झेले के पड़ल। निर्धारित समय तक दुनु टीम 3-3 से बराबरी पs रहल।

भारत खातिर कप्तान हरमनप्रीत सिंह आखिरी सीटी से मात्र 26 सेकंड पहिले पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदल के टीम के मुकाबला में वापस ले अइलें। ई विश्व कप में हरमनप्रीत के आठवां गोल रहल। हालांकि शूटआउट में बेल्जियम दबाव के बेहतर ढंग से संभालत 4-3 से जीत हासिल कs लेलस।

अभिषेक के गोल से भारत के सानदार शुरुआत

भारत मुकाबला के सुरुआत आक्रामक अंदाज में कइलस। छठा मिनट में अभिषेक गोल दाग के टीम के 1-0 के बढ़त दिलवलें। बेल्जियम लगातार हमला कइलस, बाकिर भारतीय गोलकीपर सूरज करकेरा सानदार बचाव करत टीम के बढ़त बनवले रखलें।

दूसरा क्वार्टर में बेल्जियम वापसी करत 22वां मिनट में बराबरी कइलस आ अगिला मिनट में पेनल्टी कॉर्नर पs गोल कs के 2-1 से आगे हो गइल।

हरमनप्रीत के गोल से भारत के वापसी

तीसरा क्वार्टर सुरू होखतही हरमनप्रीत पेनल्टी कॉर्नर पs सानदार ड्रैग फ्लिक लगाके स्कोर 2-2 कs देलें। हालांकि चउथा क्वार्टर में बेल्जियम फेर 3-2 से आगे हो गइल।

भारत आखिरी समय में गोलकीपर के हटाके अतिरिक्त खिलाड़ी उतरलस। ई रणनीति काम आइल आ आखिरी सीटी से 26 सेकंड पहिले मिलल पेनल्टी कॉर्नर पs हरमनप्रीत गोल करके स्कोर 3-3 कs देलें।

शूटआउट में बेल्जियम पड़ल भारी

पेनल्टी शूटआउट में भारत खातिर शिलानंद लाकड़ा, दिलप्रीत सिंह आ अभिषेक गोल कइलें, जबकि हरमनप्रीत आ सुखजीत सिंह चूक गइल लो। बेल्जियम के चार खिलाड़ी गोल करे में सफल रहल लो आ टीम 4-3 से जीत गइल।

भारत के ई विश्वकप अभियान उम्मीद के मुताबिक ना रहल। टीम आठवां स्थान पs टूर्नामेंट खतम कइलस। 51 साल बाद पदक जीते के सपना फेर पूरा ना हो सकल। बेल्जियम एक बेर फेर भारत खातिर मुश्किल प्रतिद्वंद्वी साबित भइल।

Read Also: 29 अगस्त 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.