Ankit Balian Murder : लारेंस बिश्नोई गैंग लेलस हरियाणवी सिंगर अंकित बालियान के हत्या के जिम्मेदारी, इंस्टाग्राम पोस्ट से मचल सनसनी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

शामली। हरियाणवी सिंगर आ कलाकार अंकित बालियान के हत्या के ममिला में एगो नया मोड़ आ गइल बा। लारेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल गोगी गैंग के शूटर बतावल जा रहल भोलू शाहपुरिया हत्या के जिम्मेदारी

Share

Haryanvi Singer Ankit Balian Murder

शामली। हरियाणवी सिंगर आ कलाकार अंकित बालियान के हत्या के ममिला में एगो नया मोड़ आ गइल बा। लारेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल गोगी गैंग के शूटर बतावल जा रहल भोलू शाहपुरिया हत्या के जिम्मेदारी लेवे के दावा कइले बा। भोलू बियफे के सबेरे इंस्टाग्राम पs एगो पोस्ट शेयर कइलस। पोस्ट में ऊ “वेट एंड वॉच” लिखले रहे। हालांकि, पुलिस अभी एह दावा के जांच करत बिया।

जिम के बाहर गोली मार के हत्या

बता दीं कि बुध के सांझ करीब 6:48 बजे बाबरी थाना क्षेत्र के बंतीखेड़ा गांव निवासी 35 साल के अंकित बालियान आर्यपुरी इलाका में नाला पटरी इस्थित जिम से बाहर निकलल रहस। जइसही ऊ अपना स्कॉर्पियो में बइठे लगलें, बाइक सवार चार बदमाश उनका पs ताबड़तोड़ गोली चलावे लगले सs।

जानकारी के मोताबिक बदमाश करीब 20 राउंड फायरिंग कइले सs। एह दौरान कइयन गो गोली अंकित के गाड़ी में लागल, जबकि कुछ गोली उनको लागल। गंभीर रूप से घायल अंकित सड़क किनारे गिर पड़लें।

अस्पताल पहुंचतही डॉक्टर बतवलें मृत

घटना के समय जिम के अंदर एगो पुलिसकर्मी मवजूद रहलें। फायरिंग के आवाज सुनतही ऊ लोगन के मदद से अंकित के उनका गाड़ी में सीएचसी पहुंचवलें। हालांकि डॉक्टर जांच के बाद उनका के मृत घोषित कs देलें।

घटना के बाद पुलिस के टीम मवका पs पहुंचल। एसपी एनपी सिंह, एएसपी सुमित शुक्ला आ फोरेंसिक टीम घटनास्थल के निरीक्षण कइलें। पुलिस के ओर से कइयन थाना के फोर्स तैनात कइल गइल।

परिवार में आक्रोश

अंकित के हत्या से परिवार आ ग्रामीणन में भारी आक्रोश देखे के मिलल। स्वजन शव के सड़क पs रखके देर रात तक प्रदर्शन कइल लो। ऊ लोग हत्यारन के गिरफ्तारी आ ओकनी के घर पs कार्रवाई के मांग कइल। जाम के कारण पुलिस के यातायात मार्ग बदले के पड़ल।

कइयन एंगल से जांच कs रहल बिया पुलिस

पुलिस घटनास्थल से खोखा, मोबाइल आ आउर साक्ष्य जुटवले बिया। हत्या के पीछे चुनावी रंजिश, हरियाणा के म्यूजिक इंडस्ट्री से जुड़ल विवाद सहित कइयन गो पहलुअन पs जांच चल रहल बा। सीसीटीवी फुटेज आ सोशल मीडिया पs सामने आइल पोस्ट के जांच के दायरा में रखल गइल बा।

Read Also: Basti Crime : बस्ती में फर्जी OSD गिरफ्तार, लाल-नीली बत्ती वाला इनोवा से करत रहे ठगी, VIP प्रोटोकॉल के चक्कर में पहुंचल जेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.