Basti Crime : बस्ती में फर्जी OSD गिरफ्तार, लाल-नीली बत्ती वाला इनोवा से करत रहे ठगी, VIP प्रोटोकॉल के चक्कर में पहुंचल जेल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

बस्ती। उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में पुलिस के एगो चउकावे वाला ममिला सामने आइल बा। पुलिस एगो अइसन जुवक के गिरफ्तार कइले बिया, जवन खुद के उत्तर प्रदेश शासन के OSD बताके फर्जीवाड़ा करत

Share

Basti Fake OSD Arrested

बस्ती। उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला में पुलिस के एगो चउकावे वाला ममिला सामने आइल बा। पुलिस एगो अइसन जुवक के गिरफ्तार कइले बिया, जवन खुद के उत्तर प्रदेश शासन के OSD बताके फर्जीवाड़ा करत रहे। आरोपी लाल-नीली बत्ती लागल इनोवा कार से घूमत रहे आ सरकारी लोगो आ फर्जी विजिटिंग कार्ड के सहारा लेके VIP प्रोटोकॉल के फायदा उठावत रहे।

पुलिस के गिरफ्त में आइल आरोपी के पहचान 28 साल के मोहसिन खान के रूप में भइल बा। ऊ पुरानी बस्ती थाना क्षेत्र के चाईबारी के रहे वाला बतावल गइल बा।

चेकिंग के दौरान पुलिस के हत्थे चढ़ल

बुध के देर रात कोतवाली थाना क्षेत्र के बड़ेवन चौराहा पs पुलिस संदिग्ध गाड़ियन के जांच करत रहे। एह दौरान लाल-नीली बत्ती लlगल इनोवा के रोकल गइल। पूछताछ में मोहसिन अपना के लखनऊ सचिवालय में तैनात OSD बतवलl आ पुलिस पs दबाव बनावे के कोसिस कइलस।

आरोपी पुलिस के एगो विजिटिंग कार्ड देखवलस, बाकिर पुलिस जब दस्तावेज के सत्यापन सुरू कइलस तs पूरा ममिला फर्जी निकलल।

फर्जी OSD बनके कइयन जगह करत रहे ठगी

पुलिस पूछताछ में मोहसिन बतवलस कि ऊ बहुत समय से कूटरचित दस्तावेज के सहारा लेके फर्जी OSD बनके घूमत रहे। गाड़ी पs फर्जी उत्तर प्रदेश शासन के लोगो आ लाल-नीली बत्ती लगवले रहे।

ऊ अलग-अलग जिला आ राज्य में जाके पुलिसकर्मियन से आ टोल प्लाजा पs फर्जी कार्ड देखावत रहे। एह तरीका से VIP प्रोटोकॉल लेवे के संगे टोल शुल्क माफ करावे के कोसिस करत रहे।

आरोपी सरकारी कार्यालय आ सचिवालय में आसानी से प्रवेश ले लेत रहे। संगही, आम लोगन से अधिकारी लोग से काम करवावे के नाम पs पईसा लेके ठगी करे के आरोप बा।

चालक के पूछताछ के बाद छोड़ल गइल

मोहसिन के संगे इनोवा में मवजूद चालक राजेश यादव, निवासी लखनऊ, के पुलिस पूछताछ कइलस। ऊ कथित तौर पs 15 हजार रुपिया महीना पs चालक के रूप में काम करत रहे। सत्यापन के बाद पुलिस नोटिस देके जांच में सहजोग करे के निरदेस देलस आ ओकरा के छोड़ देलस।

पुलिस बरामद कइलस कइयन गो सामान

पुलिस आरोपी के कब्जा से एगो इनोवा कार, लाल-नीली बत्ती, OSD के पांच फर्जी विजिटिंग कार्ड, दुगो वॉकी-टॉकी, एगो एप्पल फोन, एगो कीपैड फोन, चार ATM कार्ड आ 2,700 रुपिया नगद बरामद कइले बिया। पुलिस आरोपी के खिलाफ मुकदमा दर्ज कs के आगे के कानूनी कार्रवाई में जुटल बिया।

Read Also: Nepal Flood : नेपाल में भीषण बाढ़ से तबाही, 162 लोगन के मौत, 133 भारतीयन सहित सइयन लोग लापता

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.