AbduL Merchant Death : T-Series के संस्थापक गुलशन कुमार के हत्यारा के मौत, 28 साल पुरान घटना से दहल गइल रहे मुंबई

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2026

नई दिल्ली। अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम के करीबी आ साल 1997 में टी-सीरीज के संस्थापक गुलशन कुमार के हत्या करे वाला आरोपी अब्दुल रऊफ मर्चेंट के बियफे के सबेरे हरसूल सेंट्रल जेल में मौत हो

Share

टी-सीरीज के संस्थापक गुलशन कुमार के हत्या करे वाला आरोपी अब्दुल रऊफ मर्चेंट के बियफे के सबेरे हरसूल सेंट्रल जेल में मौत हो गइल।

नई दिल्ली। अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम के करीबी आ साल 1997 में टी-सीरीज के संस्थापक गुलशन कुमार के हत्या करे वाला आरोपी अब्दुल रऊफ मर्चेंट के बियफे के सबेरे हरसूल सेंट्रल जेल में मौत हो गइल। डॉक्टरन के मोताबिक, मर्चेंट के मौत कार्डियक अरेस्ट से भइल।

जेल प्रशासन बतवलस कि मर्चेंट के अचानक चक्कर अइला के शिकायत भइल, एकरा बाद जेल के मेडिकल ऑफिसर उनकर जांच कइलें आ तुरंत गवर्नमेंट मेडिकल कॉलेज आ हॉस्पिटल (GMCH) रेफर कs दिहल गइल। अस्पताल पहुंचतही डॉक्टर लोग जांच कइल, बाकिर तब तक मर्चेंट के मौत हो चुकल रहे। बाद में कैमरा निगरानी में पोस्टमॉर्टम कs के शव परिवार के सउप दिहल गइल।

दू बेर हो चुकल रहे फरार

अब्दुल रऊफ मर्चेंट बॉम्बे हाई कोर्ट में आपन सजा के चुनौती देले रहे। गुलशन कुमार के हत्या के लगभग 24 साल बाद आ ट्रायल कोर्ट के फैसला के 19 साल बाद, 1 जुलाई 2021 के जस्टिस एसएस जाधव आ एनआर बोरकर के डिवीजन बेंच मर्चेंट के उम्रकैद के सजा बरकरार रखलें। हाई कोर्ट साफ निरदेस देलें कि मर्चेंट के कवनो तरे के छूट ना दिहल जाई, काहेकि जांच आ ट्रायल के दौरान ऊ दू बेर फरार हो गइल रहे।

परिवार के सदस्य लोग बतावल कि हाई कोर्ट के आदेस के बाद ममिला सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल गइल रहे आ मर्चेंट के मौत के समय केस सुनवाई के अधीन रहे। जानकारी के मोताबिक, एक साल पहिले ऊ 28 दिन के पैरोल पs घर आइल रहे आ बेहतर इलाज खातिर दोबारा पैरोल लेवे के तइयारी में रहे।

कइसे भइल रहे गुलशन कुमार के हत्या?

12 अगस्त 1997 के सबेरे मुंबई के अंधेरी इलाका में इस्थित जीतेश्वर महादेव मंदिर के बाहर गुलशन कुमार के बेरहमी से गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे। दर्शन खातिर कार से उतरतही पहिले से घात लगा के बइठल शूटर उनका ऊपर 16 राउंड फायरिंग कs देलें। घटनास्थल पs गुलशन कुमार के मौत हो गइल आ हमलावर बाइक से फरार हो गइलें।

काहे कइल गइल रहे “कैसेट किंग” के हत्या?

गुलशन कुमार के हत्या से पूरा मुंबई दहल गइल रहे। कहल जाला कि उनका से अंडरवर्ल्ड रंगदारी मंगले रहे, बाकिर गुलशन कुमार साफ मना कs देलें। एह इनकार के बाद हत्या के सुपारी अब्दुल मर्चेंट आ ओकर साथी लोग के दिहल गइल। बाद में पुलिस सब आरोपियन के गिरफ्तार कs के उम्रकैद के सजा सुनवलें।

90 के दशक में अंडरवर्ल्ड के खौफ चरम पs रहे आ सनीमा इंडस्ट्रियो एकरा से अछूता ना रहे। गुलशन कुमार, जेकर भजन आ गाना हर घर में कैसेट के रूप में गूंजत रहे, “कैसेट किंग” कहल जात रहलें। उनकर दर्दनाक मौत से पूरा देस सदमा में आ गइल रहे।

Read Also: 11 जनवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.