Junagadh Accident : जूनागढ़ में हाईवे पs खड़ा ट्रक से टकराइल कार, 4 लोगन के मौत, 4 गंभीर घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2026

अहमदाबाद। गुजरात के जूनागढ़ जिला में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। मजेवड़ी गांव लगे फोर लेन हाईवे पs सड़क किनारे खड़ा ट्रक में तेज रफ्तार अर्टिगा कार पीछे से जा घुसल। एह भीषण टक्कर

Share

अहमदाबाद। गुजरात के जूनागढ़ जिला में एगो दर्दनाक सड़क हादसा हो गइल। मजेवड़ी गांव लगे फोर लेन हाईवे पs सड़क किनारे खड़ा ट्रक में तेज रफ्तार अर्टिगा कार पीछे से जा घुसल। एह भीषण टक्कर में चार लोगन के घटनास्थले पs मौत हो गइल, जबकि चार गो लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। एह हादसा में एगो नवहर बच्चा चमत्कारिक तरीका से सुरक्षित बच गइल।

अस्थि विसर्जन खातिर जात रहे परिवार

जानकारी के मोताबिक, बनासकांठा जिला के एगो परिवार अर्टिगा कार से सोमनाथ अस्थि विसर्जन करे जात रहे। जब कार जूनागढ़ के मजेवड़ी गांव के लगे पहुंचल, तs हाईवे पs एगो ट्रक खराब होके खड़ा रहे।

एही बीच कार चालक वाहन पs से नियंत्रण खो देलस आ कार सीधा ट्रक के पिछिला हिस्सा में जा घुसल। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि कार के अगिला हिस्सा पूरा तरे चकनाचूर हो गइल।

चार लोगन के मवके पs भइल मौत

एह भीषण दुर्घटना में कार पs सवार चार लोगन के घटनास्थले पs जान चल गइल। बाकी चार लोग गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घायलन में से दूगो के हालत बहुत नाजुक बतावल जा रहल बा, जवना के आईसीयू में भरती करावल गइल बा। सबसे राहत के बात ई रहे कि कार में मवजूद एगो लईका के कवनो चोट ना लागल आ ऊ सुरक्षित बच गइल।

धमाका के आवाज सुनते आसपास के लोग मदद खातिर दउड़ पड़ल। सूचना मिलते स्थानीय पुलिस आ 108 एम्बुलेंस सेवा के टीम कुछे मिनट में घटनास्थल पs पहुंच गइल।

रेस्क्यू टीम बहुत मशक्कत के बाद कार में फंसल लोगन के बाहर निकललस आ घायलन के इलाज खातिर नजदीकी अस्पताल भेजल गइल।

पुलिस सुरू कइलस जांच

पुलिस मृतकन के शव पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस आ दुर्घटना के ममिला दर्ज कs के जांच सुरू कs देलस। एह दुखद हादसा के बाद बनासकांठा आ आसपास के इलाका में शोक के माहौल बा। पुलिस इहो जांच करत बिया कि ट्रक हाईवे पs काहे खड़ा रहल आ सुरक्षा के जरूरी इंतजाम काहे ना कइल गइल रहल।

Read Also: Bihar Transfer News : बिहार में 20 IAS-BAS अफसरन के तबादला, सम्राट चौधरी सरकार जारी कइलस नया पोस्टिंग आदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.