Gorakhpur University : गोरखपुर यूनिवर्सिटी के हिंदी विभाग के मिलल नया अध्यक्ष, प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी ग्रहण कइलें पदभार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2026

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग के नया अध्यक्ष मिल गइल बा। विश्वविद्यालय के वरिष्ठ प्राध्यापक प्रोफेसर दीपक प्रकाश त्यागी सोमार के औपचारिक रूप से विभागाध्यक्ष

Share

गोरखपुर : दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग के नया अध्यक्ष मिल गइल बा। विश्वविद्यालय के वरिष्ठ प्राध्यापक प्रोफेसर दीपक प्रकाश त्यागी सोमार के औपचारिक रूप से विभागाध्यक्ष के कार्यभार संभार लेलें।

पूर्व अध्यक्ष दे देले रहस इस्तीफा

गौर करे वाला बात कि हिंदी विभाग के पूर्व अध्यक्ष प्रोफेसर कमलेश कुमार गुप्त निजी कारणन के चलते हाले में अपना पद से इस्तीफा दे देले रहस। एकरा बाद विश्वविद्यालय प्रशासन वरिष्ठता आ चक्रानुक्रम के नियमन के पालन करत प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी के विभागाध्यक्ष के जिम्मेदारी सउपलस।प्रशासनिक आदेस के तहत प्रो. त्यागी सोमार के दुपहरिया विभाग के कार्यभार ग्रहण कइलें।

विद्यार्थी हित सर्वोपरि : प्रो. त्यागी

पदभार संभरला के बाद प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी अपना प्राथमिकतन के स्पष्ट करत कहलें कि सब निर्णय विश्वविद्यालय के नियमन आ मर्यादा के अंतर्गत रहके विद्यार्थियन के हित में लिहल जाई। ऊ कहलें कि विभाग के मुख्य उद्देश्य विद्यार्थियन के शैक्षणिक, बौद्धिक आ व्यक्तित्व विकास सुनिश्चित कइल रही।

एह अवसर पs प्रोफेसर दीपक प्रकाश त्यागी विभाग के सब शिक्षकन, शोधार्थियन, विद्यार्थियन आ कर्मचारियन द्वारा दिहल गइल सुभकामना आ सहजोग खातिर आभार व्यक्त कइलें। ऊ विश्वास दिलवलें कि सब केहू के सहजोग से विभाग के शैक्षणिक उत्कृष्टता के नया ऊंचाई तक ले जाये के प्रयास कइल जाई।

Read Also: National Youth Day : “स्वस्थ, सभ्य आ विकसित राष्ट्र के निर्माण में स्वामी विवेकानंद के विचार हमेसा रही प्रासंगिक”

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.