National Youth Day : “स्वस्थ, सभ्य आ विकसित राष्ट्र के निर्माण में स्वामी विवेकानंद के विचार हमेसा रही प्रासंगिक”

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 12, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना के दयानन्द आ विवेकानंद इकाई आउर रेड रिबन क्लब के संयुक्त तत्वावधान में सोमार के के महान दार्शनिक स्वामी विवेकानंद के जयंती के अवसर पर ‘राष्ट्रीय

Share

NSS volunteers celebrating National Youth Day at DAV PG College Gorakhpur

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना के दयानन्द आ विवेकानंद इकाई आउर रेड रिबन क्लब के संयुक्त तत्वावधान में सोमार के के महान दार्शनिक स्वामी विवेकानंद के जयंती के अवसर पर ‘राष्ट्रीय युवा दिवस’ मनावल गइल। एह मौका पs राष्ट्रीय सेवा योजना के स्वयंसेवकन खातिर एगो संवाद संगोष्ठी आयोजित कइल गइल, जवना में स्वयंसेवक स्वामी विवेकानंद के जिनगी से जुड़ल उपयोगी संदेशन पs आपन-आपन विचार रखल।

संवाद संगोष्ठी में स्वयंसेवक रामनरेश, श्रद्धा, रितिका, अनमोल, सुमेर सहित कइयन गो स्वयंसेवक स्वामी के जीवन दर्शन, राष्ट्र निर्माण आ युवा शक्ति पs उनका विचारन के विस्तार से चरचा कइल लोग। कार्यक्रम के समाहार करत कार्यक्रम अधिकारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह कहलें कि स्वामी विवेकानंद के विचार स्वस्थ, सभ्य आ विकसित राष्ट्र बनावे में आजो ओतनही जरूरी बा, जेतना पहिले रहे। एह संवाद संगोष्ठी के संयोजन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता कइली।

एही क्रम में शासन के दिशानिर्देशनुसार जनवरी महीना में चल रहल सड़क सुरक्षा माह के तहत स्वयंसेवकन के आम नागरिकन के बीच सड़क सुरक्षा से जुड़ल जागरूकता फइलावे खातिर जरूरी दिशा-निरदेस दिहल गइल। ओकरा बाद स्वयंसेवकन से सड़क सुरक्षा के शपथ दिलावल गइल।

शपथ ग्रहण के बाद कार्यक्रम अधिकारी के निर्देशन में स्वयंसेवक बैनर आ स्लोगन लेके महाविद्यालय परिसर से बक्शीपुर चौराहा होत मारवाड़ इंटर कॉलेज तक सड़क सुरक्षा रैली निकालल लोग। एह रैली के महाविद्यालय के प्राचार्या प्रो. शैल पांडे हरियर झंडी देखाके रवाना कइली। रैली के दौरान स्वयंसेवक कइयन गो वाहन चालकन के सड़क सुरक्षा से जुड़ल जरूरी जानकारी आ सावधानी के उपाय बतावल लोग।

एह अवसर पs महाविद्यालय के वरिष्ठ शिक्षक प्रो. प्रवीण सिन्हा, डॉ. पूनम, डॉ. अमरेंद्र पांडेय, डॉ. संजय कुमार पांडेय सहित आउर शिक्षक उपस्थित रहल लोग।

Read Also: Retail Inflation : खुदरा महंगाई दर में दिसंबर में बढ़ के 1.33% पs पहुंचल, नवंबर के मुकाबले लगभग दुगुना बढ़न्ती

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.