Gorakhpur News : मामूली विवाद में पड़ोसी छात्र के मरलस ताबड़तोड़ 7 गोली, गोरखपुर में सामने आइल चौंका देवे वाला ममिला

By Shweta Supriya

Published on: Sep 25, 2025

गोरखपुर। यूपी के गोरखपुर में एगो मामूली विवाद बड़ रूप ले लेलस। पड़ोस में रहे वाला शख्स बीएससी के छात्र के बीतल सांझ गोली मार के घायल कs दिहल। घायल छात्र के गंभीर हाल में

Share

गोरखपुर। यूपी के गोरखपुर में एगो मामूली विवाद बड़ रूप ले लेलस। पड़ोस में रहे वाला शख्स बीएससी के छात्र के बीतल सांझ गोली मार के घायल कs दिहल। घायल छात्र के गंभीर हाल में बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज खातिर भर्ती करावल गइल बा। ओहिजा पुलिस आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ कइलस। शख्स एतना गुस्सा में रहे कि ऊ ताबड़तोड़ 7 गोली छात्र के देह में उतार देलस।

दउड़ा के मरलस गोली

गोरखपुर रामगढ़ताल थाना क्षेत्र के पथरा बड़गो गांव में सोमार के रात पड़ोसी बीएससी के छात्र अमन मौर्या (25) के दउडा के गोली मार देलस। एकरा बाद अमन लहूलुहान होके जमीन पs गिर पड़ल। गंभीर हालत में घायल छात्र के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल। जहां डॉक्टर ओकर हालत नाजुक बतावल लोग। घटना के सूचना मिलतही परिवार में चीख-पुकार मच गइल। पुलिस एगो आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ करत बिया। दू दिन पहिले आरोपी के छात्र से कवनो बात के लेके विवाद भइल रहे। एही आधार पऽ पुलिस जांच पड़ताल करत बिया।

पिता गइल रहलें खेत देखे

अमन के पिता मनोज मौर्या किसान हवे। ऊ गांव में खेती करेलें। ऊ पड़ोस में रहे वाला युवक पऽ गोली चलावे के आरोप लगवलें। ऊ कहलें कि घटना के समय ऊ नौतनवां में खेत देखे गइल रहलें। बेटा के गोली लगला के सूचना मिलतही घर लवटके अइलें। पुलिस आरोपी पड़ोसी के हिरासत में लेके पूछताछ सुरू कs देलस। पुलिस के पूछताछ में पता चलल बा कि छात्र के अपना पड़ोसी से दू दिन पहिले विवाद भइल रहे। पुलिस एह विवाद के घटना से जोड़ के देखत बिया।

का कहलस पुलिस

एसपी सिटी अभिनव त्यागी आ रामगढ़ताल थाना पुलिस मवका पs पहुंच के जांच पड़ताल कइलस। पुलिस अधिकारियन के अनुसार सीसीटीवी फुटेज खंगारल जात बा। छात्र के होश में अइला के इंतजार कइल जात बा। जवना से ओकर बयान दर्ज हो सके। सीओ कैंट योगेंद्र सिंह बतवलें  कि घायल छात्र के बीआरडी मेडिकल कॉलेज में इलाज चलत बा। एगो आरोपी के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जात बा। परिजन के तहरीर के आधार पऽ केस दर्ज कs के आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा।

Read Also: IND vs WI Test Squad : वेस्टइंडीज सीरीज खातिर टीम के इंडिया के एलान, करुण बाहर, जडेजा बनलें उपकप्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.