बढ़ल पुलिस के सख्ती: पिकअप से ले जात रहे 10 गोवंश,2 गो आरोपी q गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

गोवंश तस्करन के खिलाफ पुलिस के ओर से चलावल जाए वाला अभियान के तहत सोमार के रात कैंट पुलिस के बहुत सफलता मिलल। पुलिस दु अलग-अलग जगह से दु पिकअप के घेराबंदी कs देलस। पुलिस

Share

गोवंश तस्करन के खिलाफ पुलिस के ओर से चलावल जाए वाला अभियान के तहत सोमार के रात कैंट पुलिस के बहुत सफलता मिलल। पुलिस दु अलग-अलग जगह से दु पिकअप के घेराबंदी कs देलस। पुलिस गाड़ी छोड़ के भागत दुगो तस्कर के पीछा कs के पकड़ लेलस। जबकि बाकी साथी भागे में कामयाब हो गईले। दुनो गाडी में पांच गोवंश लादल रहे।
जानकारी के मुताबिक पुलिस रात में सक्रिय मवेशी तस्कर पs लगाम लगावे खातीर अभियान चलावतिया। सोमार के रात कैंट पुलिस के रेलवे स्टेशन रोड के लगे एगो पिकअप में गाय लोड होखे के जानकारी मिलल. पुलिस के घेराबंदी देख के तस्कर भागे लगले। पुलिस एगो तस्कर के पीछा कs के पकड़ लिहलस।

पुलिस पिकअप में सवार पांच गाय बरामद कईले बिया। एही तरे पुलिस इंजीनियरिंग कॉलेज के लगे एगो पिकअप भी पकड़ लेलस। एक तस्कर के गिरफ्तार कs पांच मवेशी बरामद भईल बा। पुलिस पूछताछ के दौरान एs लोग के पहचान कुशीनगर जिला के कोतवाली इलाका के सिधारी गांव के निवासी गंगेश कुशवाहा अवुरी बसिया गांव के निवासी सहबाज के रूप में भईल। पुलिस ओकरा खिलाफ केस दर्ज क s कार्रवाई शुरू कs देले बिया।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.