Gorakhpur News : संविधान खाली एगो दस्तावेज ना, ई भारत के आत्मा हs

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

गोरखपुर। डीएवी पीजी काॅलेज गोरखपुर में बुध के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में राष्ट्रीय संविधान दिवस के अवसर पs प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में कार्यक्रम के

Share

Public statement in Gorakhpur highlighting that the Constitution is the soul of India

गोरखपुर। डीएवी पीजी काॅलेज गोरखपुर में बुध के राष्ट्रीय सेवा योजना, दयानंद इकाई के तत्वावधान में राष्ट्रीय संविधान दिवस के अवसर पs प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह दौरान सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका दीवान बाजार आउर बक्शीपुर के इलाकन में रैली निकालल लोग आ संविधान हमनी के शान हs। एकता के पहचान हs जइसन नारा लगावल लोग।

रैली के माध्यम से जनमानस में संविधान के प्रति सम्मान आ चेतना के जागरण करे के प्रयास कइल गइल। दुपहरिया में बौद्धिक सत्र में कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के ओर से कइल गइल। सबसे पहिले कार्यक्रम के शुरुआत राष्ट्रीय सेवा योजना के लक्ष्य गीत आ संविधान के प्रस्तावना के वाचन के संगे कइल गइल।

एकरा बाद स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोगन के बीच भाषण प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जेमे डॉ. संजय कुमार पांडेय आ डॉ. शत्रुघ्न सिंह निर्णायक मंडल के भूमिका निभावल लोग। एह प्रतियोगिता में पहिला पुरस्कार रामनरेश, दुसरा पुरस्कार उजाला आ तीसरा पुरस्कार आदर्श के मिलल।

मुख्य वक्ता के रूप में राजनीति विज्ञान से डॉ. रागिनी दीक्षित संविधान के मूलभूत तत्वन आ एकरा महत्व पs प्रकाश डालल लोग। ऊ बतवली कि संविधान के प्रति हमनी के कर्तव्य संविधान के पालन कइल, राष्ट्रीय ध्वज आ राष्ट्रगान के सम्मान कइल, देस के संप्रभुता, एकता आ अखंडता के रक्षा कइल, स्वतंत्रता संग्राम के आदर्शन के बना के रखल, पर्यावरण आउर वन्य जीवन के रक्षा कइल आउर सार्वजनिक संपत्ति के सुरक्षा कइल बा।

एह अवसर पs सक्रिय स्वयंसेविका कायनात नियाज,जेनिश, प्रिया गुप्ता आ स्वयंसेवक आदित्य आउर अनमोल के संगे-संगे सब स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका उपस्थित रहल लोग।

Read Also: Bihar Board : बिहार बोर्ड जारी कइलस D.El.Ed के रिजल्ट, आनंद किशोर बोललें- 79.01 प्रतिशत अभ्यर्थी पास भइल लोग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.