Bihar Board : बिहार बोर्ड जारी कइलस D.El.Ed के रिजल्ट, आनंद किशोर बोललें- 79.01 प्रतिशत अभ्यर्थी पास भइल लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2025

पटना। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के तरफ से D.El.Ed के परीक्षा के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर बतवलें कि कुल 79.01 प्रतिशत परीक्षार्थी एह परीक्षा में पास भइल।

Share

Bihar Board DElEd Result 2025 announced with 79.01 percent pass rate

पटना। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के तरफ से D.El.Ed के परीक्षा के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर बतवलें कि कुल 79.01 प्रतिशत परीक्षार्थी एह परीक्षा में पास भइल। आज दुपहरिया ऊ D.El.Ed संयुक्त प्रवेश परीक्षा 2025 के परिणाम जारी कइलें आ कहलें कि उम्मीदवार बिहार बोर्ड के ऑफिशियल वेबसाइट पs आपन रिजल्ट देख सकी लोग।

एह परीक्षा में कुल 3,23,313 परीक्षार्थी सामिल भइले रहे लाेग, जवना में से 2,55,468 पास भइल लोग। एमे 2,54,443 बिहार राज के परीक्षार्थी रहलें आ 1,025 दोसर राज्य के परीक्षार्थी रहे लोग।

परीक्षा कइसे भइल?

आनंद किशोर बतवलें कि D.El.Ed संयुक्त प्रवेश परीक्षा नव जिलन के 19 परीक्षा केंद्र पs दू पाली में लिहल गइल। एह परीक्षा में कुल 120 बहुविकल्पीय (MCQ) प्रश्न रहे, हर प्रश्न 1 अंक के। परीक्षा के समय सीमा 150 मिनट राखल गइल। खास बात रहे कि नेगेटिव मार्किंग ना रहे।

न्यूनतम पास अंक:

  • अनारक्षित श्रेणी (General): 35%
  • आरक्षित श्रेणी: 30%

नामांकन के का होई?

बिहार बोर्ड बतवलस कि ऑनलाइन संयुक्त प्रवेश परीक्षा में मिलल अंक के आधार पs मेधा सूची (Merit List) तइयार होई। एकरा हिसाब से बिहार के सरकारी आ गैर-सरकारी संबद्ध शिक्षण संस्थान में D.El.Ed (प्रारंभिक शिक्षा में डिप्लोमा) कोर्स में नामांकन होई।

राज्य सरकार के आरक्षण नियम लागू होई

  • उर्दू/कला/विज्ञान विषय के निर्धारित सीट देखल जाई
  1. अभ्यर्थी द्वारा संस्थान के प्राथमिकता ध्यान में रखल जाई
  • पूरा प्रक्रिया ऑनलाइन होई

परीक्षा कब-कब भइल?

D.El.Ed संयुक्त प्रवेश परीक्षा 2025 दू चरण में आयोजित भइल

पहिला चरण: 26 अगस्त – 13 सितंबर 2025

दूसरा चरण: 14 सितंबर – 27 सितंबर 2025

ई परीक्षा कंप्यूटर-बेस्ड टेस्ट (CBT) मोड में लिहल गइल।
एकरा माध्यम से 2025-27 सत्र खातिर बिहार के शिक्षक प्रशिक्षण संस्थान में एडमिशन मिली।

एडमिट कार्ड: 20 अगस्त 2025

आंसर की: 11 अक्टूबर 2025

परीक्षा के पैटर्न (कुल 120 प्रश्न – 120 अंक)

विषय प्रश्न अंक
सामान्य हिंदी/उर्दू 25 25
गणित 25 25
विज्ञान 20 20
सामाजिक अध्ययन 20 20
सामान्य अंग्रेजी 20 20
तार्किक आ विश्लेषणात्मक तर्क 10 10

Read Also: UP News : बरेली में एसआईआर अभियान में बीएलओ ड्यूटी के दौरान शिक्षक के मौत, हार्ट अटैक से गइल जान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.