Accident : झारखंड में दुगो पिकअप वैन के टक्कर में गोरखपुर के चालक के मउत

Minee Upadhyay
ACCIDENT
- Sponsored Ads-

बुध के देर रात झारखंड के पूर्वी सिंहभूम जिला के तहत धालभूमगढ़ थाना क्षेत्र के जयरामडीह अवुरी सोनाखून गांव के बीच खड़गपुर से आवत एगो तेज पिकअप वैन एनएच 18 फोर लेन पs खड़ा पिकअप वैन से टकरा गईल। एs दुर्घटना में एगो चालक के मउत हो गईल, जबकि दूसरका पिकअप वैन के चालक गंभीर रूप से घाही हो गईल। देर रात पुलिस तीन लोग के उठा के अनुमंडल अस्पताल लेके गइले. अनुमंडल अस्पताल के चिकित्सक डॉ.विकास मार्डी प्राथमिक चिकित्सा के बाद ऐनुल नाम के चालक के बेहतर इलाज खातीर एमजीएम अस्पताल जमशेदपुर रेफर कs देले।

इहो पढ़ीं: चीन के शेनझेन शहर में धंसल रेलवे निर्माण स्थल के जमीन, 13 लोग भइले लापता

- Sponsored Ads-

घटना के संबंध में दूसरका पिकअप वैन के घाही चालक विनोद यादव (प्रयागराज, उत्तर प्रदेश) बतवले कि खड़गपुर से रांची जात समय एगो पिकअप मोड पs खड़ा रहे। उनुकर पार्किंग लाइट ना जरे के चलते ड्राइवर केशव यादव (गोरखपुर, उत्तर प्रदेश) उनुका के जोरदार टक्कर मार देले। टक्कर एतना तेज रहे कि केशव यादव स्टीयरिंग में फंस गईले। बहुत मेहनत के बाद पुलिस केशव यादव के बहरी निकलस अवुरी अनुमंडल अस्पताल ले जाए के दौरान उनुकर मउत हो गईल। घटना के बारे में परिवार के लोग के जानकारी दिहल गईल बा। पोस्टमार्टम के बाद परिवार केशव यादव के शव के गोरखपुर ले जाई।

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।