Accident : झारखंड में दुगो पिकअप वैन के टक्कर में गोरखपुर के चालक के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 5, 2024

बुध के देर रात झारखंड के पूर्वी सिंहभूम जिला के तहत धालभूमगढ़ थाना क्षेत्र के जयरामडीह अवुरी सोनाखून गांव के बीच खड़गपुर से आवत एगो तेज पिकअप वैन एनएच 18 फोर लेन पs खड़ा पिकअप

Share

ACCIDENT

बुध के देर रात झारखंड के पूर्वी सिंहभूम जिला के तहत धालभूमगढ़ थाना क्षेत्र के जयरामडीह अवुरी सोनाखून गांव के बीच खड़गपुर से आवत एगो तेज पिकअप वैन एनएच 18 फोर लेन पs खड़ा पिकअप वैन से टकरा गईल। एs दुर्घटना में एगो चालक के मउत हो गईल, जबकि दूसरका पिकअप वैन के चालक गंभीर रूप से घाही हो गईल। देर रात पुलिस तीन लोग के उठा के अनुमंडल अस्पताल लेके गइले. अनुमंडल अस्पताल के चिकित्सक डॉ.विकास मार्डी प्राथमिक चिकित्सा के बाद ऐनुल नाम के चालक के बेहतर इलाज खातीर एमजीएम अस्पताल जमशेदपुर रेफर कs देले।

इहो पढ़ीं: चीन के शेनझेन शहर में धंसल रेलवे निर्माण स्थल के जमीन, 13 लोग भइले लापता

घटना के संबंध में दूसरका पिकअप वैन के घाही चालक विनोद यादव (प्रयागराज, उत्तर प्रदेश) बतवले कि खड़गपुर से रांची जात समय एगो पिकअप मोड पs खड़ा रहे। उनुकर पार्किंग लाइट ना जरे के चलते ड्राइवर केशव यादव (गोरखपुर, उत्तर प्रदेश) उनुका के जोरदार टक्कर मार देले। टक्कर एतना तेज रहे कि केशव यादव स्टीयरिंग में फंस गईले। बहुत मेहनत के बाद पुलिस केशव यादव के बहरी निकलस अवुरी अनुमंडल अस्पताल ले जाए के दौरान उनुकर मउत हो गईल। घटना के बारे में परिवार के लोग के जानकारी दिहल गईल बा। पोस्टमार्टम के बाद परिवार केशव यादव के शव के गोरखपुर ले जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.