गूगल देहलख एगो उपहार : फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क लॉन्च भइल, फोन बंद होखला के बाद भी रउवा फोन के लाइव लोकेशन के ट्रैक क सकतानी।

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 11, 2024

आमतौर प सबसे बड़ समस्या डिवाइस के ऑफलाइन मोड में होखेला। गूगल एह समस्या के समाधान फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से कर दिहले बा । गूगल के कहनाम बा कि फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से

Share

आमतौर प सबसे बड़ समस्या डिवाइस के ऑफलाइन मोड में होखेला। गूगल एह समस्या के समाधान फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से कर दिहले बा । गूगल के कहनाम बा कि फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से जुड़ल डिवाइस के ट्रैक करे खातीर जरूरी नइखे कि डिवाइस के इंटरनेट से जुड़ल होखे।

बहुत इंतजार के बाद आखिरकार गूगल फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क लॉन्च क देलस। फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क के एलान पिछला साल गूगल कइले रहे आ ओकरा बाद से एकर परीक्षण लगातार हो रहल बा । पिछला हफ्ता एगो रिपोर्ट में कहल गइल रहे कि फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क जल्दिए रिलीज हो जाई । फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क एप्पल के फाइंड माई ऐप निहन काम करी, जवना के मदद से मोबाइल के अलावे आ स्मार्ट गैजेट के भी ट्रैक कइल जा सकता।

अरबों एंड्रॉयड यूजर के एकर फायदा होई

गूगल अपना एगो ब्लॉग के माध्यम से फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क के लॉन्च के बारे में जानकारी देले बा। गूगल फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क अमेरिका आ कनाडा से शुरू भइल बा आ एकर अपडेट अउरी देशन में भी जारी हो रहल बा। गूगल ब्लॉग कईले बा कि फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क के मदद से आप अपना एंड्रॉयड डिवाइस के आसानी आ सुरक्षित तरीका से पता लगा सकतानी।

ऑफलाइन मोड में भी काम करी

आमतौर प सबसे बड़ समस्या डिवाइस के ऑफलाइन मोड में होखेला। गूगल एह समस्या के समाधान फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से कर दिहले बा । गूगल के कहनाम बा कि फाइंड माई डिवाइस नेटवर्क से जुड़ल डिवाइस के ट्रैक करे खातीर जरूरी नइखे कि डिवाइस के इंटरनेट से जुड़ल होखे। पिक्सेल 8 अवरू पिक्सेल 8 प्रो यूजर फोन बंद होखला के बाद भी अपना फोन के ट्रैक क सकतारे। पिक्सेल के अलावे एकर सपोर्ट जल्दिए अवरू कंपनी के फोन अवरू गैजेट में उपलब्ध हो जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.