Chhapra News : सारण के नया गांव स्टेशन पs मालगाड़ी के दूगो बोगी के 8 चक्का पटरी से उतरल, बड़ हादसा टलल

Share

  1. छपरा। सारण जिला के नया गांव स्टेशन पs बियफे के सांझ एगो बड़ रेल हादसा होत-होत बच गइल। सोनपुर-छपरा रेलखंड पs रैक प्वाइंट के लगे एगो मालगाड़ी अचानक बेपटरी हो गइल, जवना से रेलवे प्रशासन में हड़कंप मच गइल। एह हादसा में मालगाड़ी के दूगो बोगी के कुल 8 चक्का पटरी से नीचे उतर गइल। राहत के बात ई रहल कि एह घटना में कवनो जनहानि ना भइल।

गिट्टी खाली कs के लवटत रहे मालगाड़ी

मिलल जानकारी के मोताबिक मालगाड़ी गिट्टी अनलोड कS के वापस लवटत रहे। ट्रेन लाइन नंबर-6 से आगे बढ़त रहे, तबे अचानक आठवां आ नउठवां बोगी पटरी से उतर गइल। एह दौरान तेज आवाज सुनके आसपास मवजूद लोग घबरा गइल।

रेलवे कर्मचारी तुरंत कंट्रोल रूम के सूचना दिहल लोग, जवना के बाद रेलवे विभाग हरकत में आ गइल। घटना के बाद स्टेशन परिसर में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल।

सोनपुर मंडल से भेजल गइल राहत टीम

हादसा के खबर मिलतही सोनपुर मंडल से एक्सीडेंट रिलीफ ट्रेन (ART) रवाना कइल गइल। इंजीनियरिंग विभाग के टीमो तुरंत घटनास्थल पs पहुंच गइल। रेलवे के कइयन गो वरिष्ठ अधिकारी मवका पs पहुंचके हालात के जायजा लिहल।

देर सांझ तक बेपटरी भइल बोगियन के फेर से पटरी पs चढ़ावे के काम चलत रहे। रेलवे प्रशासन सुरक्षा बेवस्था के धियान में रखत अतिरिक्त सतर्कता बरतलस।

तकनीकी खराबी के आशंका

सुरुआती जांच में तकनीकी खराबी के आशंका जतावल जा रहल बा। रेलवे अधिकारियन के कहनाम बा कि ट्रैक भा प्वाइंट में गड़बड़ी हो सकेला। हालांकि असली कारण विस्तृत जांच रिपोर्ट अइला के बादे साफ होई।

तकनीकी टीम पूरा घटनास्थल के बारीकी से जांच करत बिया। रेलवे प्रशासन फिलहाल कवनो आधिकारिक बयान देवे से बच रहल बा।

कुछ देर तक रोकल गइल परिचालन

हादसा के बाद संबंधित लाइन पs रेल परिचालन अस्थायी रूप से रोक दिहल गइल। एह घटना के बाद स्थानीय लोगन में दहशत के माहौल बन गइल। तेज आवाज सुनके लोग घटनास्थल के तरफ दउड़ पड़ल।

हालांकि समय रहते रेलवे टीम हालात पs काबू पा लेलस। रेलवे प्रशासन जल्दी से जल्दी परिचालन सामान्य करे में जुट गइल।

Read Also: 29 मई 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-