अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति जो बाइडेन के भइल घातक ‘प्रोस्टेट कैंसर’, हड्डी ले फइलल बेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: May 19, 2025

अमेरिकी राष्ट्रपति रहल जो बाइडेन के जानलेवा कैंसर के पता चलल बा. खबर के मुताबिक बाइडेन के प्रोस्टेट कैंसर के खतरनाक रूप के पता चलल बा। जो बाइडेन के कार्यालय भी एकर पुष्टि कईले बा।

Share

अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति जो बाइडेन के भइल घातक 'प्रोस्टेट कैंसर',

अमेरिकी राष्ट्रपति रहल जो बाइडेन के जानलेवा कैंसर के पता चलल बा. खबर के मुताबिक बाइडेन के प्रोस्टेट कैंसर के खतरनाक रूप के पता चलल बा। जो बाइडेन के कार्यालय भी एकर पुष्टि कईले बा। बाइडेन के कार्यालय अतवार के दिने जारी बयान में कहलस कि प्रोस्टेट कैंसर जो बाइडेन के शरीर के हड्डी में फइल गइल बा. पूर्व राष्ट्रपति अवुरी उनुकर परिवार डॉक्टर के संगे इलाज के विकल्प पs विचार करतारे।

शुक के कैंसर के पता चलल

जो बाइडेन के कार्यालय से दिहल जानकारी के मुताबिक, जो बाइडेन के पिछला सप्ताह प्रोस्टेट के गांठ के पता चलला के बाद डॉक्टर के देखल गईल रहे। एकरा बाद शुक के उनुका प्रोस्टेट कैंसर के पता चलल। जांच में पाता चलल बा कि कैंसर के कोशिका जो बाइडेन के शरीर के हड्डी ले फैल गईल रहे। बाइडेन के कार्यालय के कहल बा कि ई बेमारी के अधिका खतरनाक रूप हs. हालांकि, कैंसर हार्मोन के प्रति संवेदनशील देखाई देता। एकरा के प्रबंधित कईल जा सकता।

बता दीं कि प्रोस्टेट कैंसर के नाप ‘ग्लीसन स्कोर’ में कइल जाला. एकरा के 1 से 10 के पैमाना पs रेटिंग कईल गईल बा, ग्लीसन स्कोर से इs नापल जाला कि कैंसर के कोशिका सामान्य कोशिका के मुक़ाबले कईसन देखाई देता। जो बाइडेन के स्कोर 9 रहल जवन कैंसर के सबसे आक्रामक रूप हs। अमेरिकी राष्ट्रपति रहल जो बाइडेन के उमिर 82 साल बा. एकरा से पहिले भी उनुका राष्ट्रपति के कार्यकाल में बाइडेन के स्वास्थ्य के लेके बहुत चिंता पैदा भईल रहे।

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.