अंतिम सफर डॉ.मनमोहन सिंह के: पूर्व PM भइले पंचतत्व में विलीन, पीएम मोदी आ राष्ट्रपति दिहल लोग श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2024

आजु दिल्ली के निगम बोध घाट पs पूर्व पीएम डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार कइल गइल.  पूर्व पीएम के पार्थिव शरीर के पहिले कांग्रेस मुख्यालय में ले आवल गईल।  एहिजा पार्टी के कार्यकर्ता आ

Share

पूर्व PM भइले पंचतत्व में विलीन

आजु दिल्ली के निगम बोध घाट पs पूर्व पीएम डॉ. मनमोहन सिंह के अंतिम संस्कार कइल गइल.  पूर्व पीएम के पार्थिव शरीर के पहिले कांग्रेस मुख्यालय में ले आवल गईल।  एहिजा पार्टी के कार्यकर्ता आ नेता लोग आखिरी श्रद्धांजलि दिहलन. ओकरा बाद डॉ. मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर निगम बोध घाट पs ले आवल गइलआ मनमोहन सिंह के पार्थिव शरीर के अंतिम संस्कार कइल गइल.

पीएम मोदी आ राष्ट्रपति दिहल लोग श्रद्धांजलि

एहिजा पार्टी के कार्यकर्ता आ  बहुत नेता लोग  मौजूद रहले. पीएम मोदी,  केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह पूर्व प्रधानमंत्री के अंतिम संस्कार में शामिल भइले. कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे, राहुल गांधी, प्रियंका गांधी,कांग्रेस नेता मुमताज पटेल,राष्ट्रपति मुर्मू, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह,उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ सहित बीजेपी के बड़ नेता पूर्व पीएम के अंतिम संस्कार में शामिल होखे खातीर निगमबोध घाट में मौजूद रहले. एक-एक कs के सभ नेता लोग उनकरा श्रद्धांजलि अर्पित दिहले. तीनों सेना के अधिकारी उनकरा के श्रद्धांजलि अर्पित कइले.

दुनियाभर के लोग दिहले श्रद्धांजलि
पूर्व पीएम मनमोहन सिंह के निधन पs अमेरिका, फ्रांस, कनाडा, रूस, पाकिस्तान आ श्रीलंका सहित दुनियाभर के नेता लोग शोक जतवले . सभ देश द्विपक्षीय संबंधन के मजबूत करे में उनकर योगदान के याद कइल गइल. अफगानिस्तान, मालदीव, मॉरीशस आ नेपाल के नेता लोग उनकरा के  श्रद्धांजलि अर्पित कइले.

मनमोहन सिंह के अंतिम यात्रा के रूट मैप

मनमोहन सिंह के अंतिम यात्रा 11 किलोमीटर लंबा रहे. पार्थिव शरीर के कांग्रेस दफ्तर से अकबर रोड से इंडिया गेट, इंडिया गेट से तिलक मार्ग, तिलक मार्ग से आईटीओ रेड लाइट से दाहिना मोड़त फेर पुरान पुलिस मुख्यालय से होत  रिंग रोड होत अंतिम यात्रा सीधा रास्ता से निगम बोध घाट पहुंचल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.