Lok Sabha चुनाव नतीजा से पहिले इलेक्शन कमीशन के प्रेस कॉन्फ्रेंस, CEC राजीव कुमार काउंटिंग के लेके कहले अहम बात

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 3, 2024

Election Commission चुनाव परिणाम से पहिले इलेक्शन कमीशन आज प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलस। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि एह बेरी के चुनाव में मतदाता लो कई गो रिकॉर्ड कायम कइले बा। सीईसी कहले कि

Share

Election Commission चुनाव परिणाम से पहिले इलेक्शन कमीशन आज प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलस। मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि एह बेरी के चुनाव में मतदाता लो कई गो रिकॉर्ड कायम कइले बा। सीईसी कहले कि अबकी महिला लो बढ़ चढ़ के वोटिंग कइले बा। सीईसी राजीव कुमार कहले कि अबकी 31 करोड़ महिला लो वोटिंग कइले बा जवन पहिला बेर भइल बा।

चुनाव में बनल विश्व रिकॉर्ड

सीईसी कहले कि भारत लोकसभा चुनाव में 31 करोड़ 20 लाख महिला सहित 64 करोड़ 20 मतदाता लो भाग लेहे के साथे विश्व रिकॉर्ड बनवलस। ई आंकड़ा G7 देशन के मतदाता लो के 1.5 गुना आ यूरोपीय संघ के 27 देशन के मतदाता लो के 2.5 गुना बा।

अबकी कम पुनर्मतदान सुनिश्चित भइल

सीईसी कहले कि चुनाव कर्मियन के सावधानीपूर्वक काम के कारण अबकी कम पुनर्मतदान सुनिश्चित भइल। हमनी 2024 के लोकसभा चुनाव में 39 पुनर्मतदान देखनी, जबकि 2019 में 540 पुनर्मतदान भइल रहे आ 39 में से 25 पुनर्मतदान खाली 2 गो राज्यन में रहें।

लोकसभा चुनाव पs मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार कहले कि ई उऽ आम चुनाव में से एक बा, जवना मे हिंसा ना देखल गइल। एकरा खातिर दू साल के तैयारी के जरूरत रहे। सीईसी एही के साथे कहले कि हमनी काउंटिंगो खातिर पूरा तैयारी कऽ के रखले बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.