Eid-ul-Fitr: मस्जिद में पहुंचले नमाजी-रोजेदार, एक दूसरा के गला लगाके ईद के बधाई देले; तस्वीर में देखी जश्न

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 11, 2024

आज देशभर में ईद-उल-फितर धूमधाम से मनावल जाता। काल देश में शव्वाल महीने के चांद नजर आइल। उहवें, कय राज्यन में कालो ईद मनावल गइल रहे। गुरुवार के दिल्ली के जामा मस्जिद में बहुते संख्या

Share

आज देशभर में ईद-उल-फितर धूमधाम से मनावल जाता। काल देश में शव्वाल महीने के चांद नजर आइल। उहवें, कय राज्यन में कालो ईद मनावल गइल रहे। गुरुवार के दिल्ली के जामा मस्जिद में बहुते संख्या में लोग पहुंचल आ एक दूसरा के गला लगाके ईद के मुबारकबाद देले। ईद प मुस्लिम समाज के लोग ईदगाह में ईद के नमाज अदा क अमन के दुआ मांगलख। मुस्लिम समाज के लोग नया-नया जामा कपड़ा पहिन के ईदगाह भा मस्जिदन में नमाज अदा करे पहुंचले। नमाज के बाद सब लोग एक दूसरा से गला मिलकर अमन भा चैन के दुआ कइले।

एक माह चलल पवित्र रमजान के बाद बुधवार शाम आखिर ईद के चांद के दीदार हो गइल एहिसे देश के अधिकांश हिस्सा में आज ईद मनावल जाता। दिल्ली के जामा मस्जिद आ फतेहपुरी मस्जिद के इमामन दिल्ली समेत देशभर में चांद देखल जाए तस्दीक कर देले। चांद देखला जाए के बाद लोग ने एक-दूसरा के गला लगाइके बधाई देले। एकरे बाद लोग ईद के खरीदारी में मशगूल हो गइल।

फतेहपुरी मस्जिद के शाही इमाम मौलाना मुफ्ती मुकर्रम अहमद बतवले कि दिल्ली समेत देश के कई हिस्सन में चांद देखल गइल। एह मौका प मौलाना कहले कि ईद मोहब्बत के त्योहार ह। एह सब धर्म के लोग के मिलाके जुलाके रहे के चाहि। शाही इमाम ईद के मुबारकबाद देत लोग से मुल्क खातिर अमन भा शांति के दुआ करे खातिर कहले।

चांद दिखला के बाद लोग ईद के बचल तैयारि शुरू कर देलख। लोग इत्र, टोपी, सेवइ आ दूसरा ड्राइफ्रूट खरीदत नजर आइल। पुरानी दिल्ली के अलावा, जामिया नगर, सीलमपुर, जाफराबाद, निजामुद्दीन समेत दूसर बाजार में भीड़ बढ़ गइल। इई सिलसिला भर रात चलल। ईद के लेके लइका खास उत्साहित दिखी।

पूर्व केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता मुख्तार अब्बास नकवी कश्मीरी गेट स्थित पंजा शरीफ दरगाह में नमाज अदा कइले

उहवें, ईद-उल-फितर के मउका प भाजपा नेता शाहनवाज हुसैन पार्लियामेंट स्ट्रीट मस्जिद में नमाज अदा करे पहुंचले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.