ED Action : अवैध कोयला खनन मामला में ED के बड़हन एक्शन, बंगाल-झारखंड में 40 से ढेर ठिकानन पs रेड

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2025

नई दिल्ली। झारखंड आ पश्चिम बंगाल में कोयला माफियन के खिलाफ ईडी के एक्शन जारी बा प्रवर्तन निदेशालय कोयला माफियन के खिलाफ 40 से अधिक जगहन पs एक संगे छापामारी कइलस। अधिकारियन के अनुसार, प्रवर्तन

Share

नई दिल्ली। झारखंड आ पश्चिम बंगाल में कोयला माफियन के खिलाफ ईडी के एक्शन जारी बा प्रवर्तन निदेशालय कोयला माफियन के खिलाफ 40 से अधिक जगहन पs एक संगे छापामारी कइलस।

अधिकारियन के अनुसार, प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) पश्चिम बंगाल के दुर्गापुर, पुरुलिया, हावड़ा आ कोलकाता जिला में 24 परिसर में अवैध कोयला खनन, अवैध परिवहन आ कोयला के भंडारण ममिला के संबंध में तलाशी लेत बिया।

सुरुआती जानकारी के अनुसार, नरेंद्र खरका, अनिल गोयल, युधिष्ठिर घोष, कृष्ण मुरारी कयाल आ आउर के ठिकानन पs सुक सुबह से ED के छापेमारी चलत बा।

झारखंड में 18 जगहन पs ED के छापामारी

प्रवर्तन निदेशालय के अधिकारी झारखंड में 18 जगहन पs सर्च ऑपरेशन चलल। समाचार एजेंसी एएनआई के अनुसार, ई छापामारी कोयला चोरी आ स्मगलिंग के कइयन गो बड़ ममिला से जुड़ल रहे, जेमे अनिल गोयल, संजय उद्योग, एलबी सिंह आ अमर मंडल के ममिला सामिल बा।

Read Also: COP30 Summit Fire Incident : ब्राजील में COP30 जलवायु सम्मेलन के मुख्य स्थल पs लागल आग, 21 लोग घायल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.