[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: गुण के खान हs मूंग, सुबेरे नाश्ता में उबाल के ख‌इले से सेहत के मिली ज़बरदस्त फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मूंग के हमेशा से हाजमा सही क‌रे खातिर जानल जाला। राउर पेट खराब बा तs रउरा मूंग के खिचड़ी खा सकेनी। आपके मतली आ उल्टी के समस्या बा तs आप एकर पानी पी सकेनी । एकरे अलावा अगर राउर पेट सही नाहीं रहेला तs एके अंकुरित क‌s के खा सकेनी । बाकीर आजू हम नाश्ता में मूंग उबाल के खाए के बात करब। दरअसल, ई उबलल मूंग आपके पाचनतंत्र के समस्या के कम करेला आ आपके सेहत से जुड़ल कई दिक्कत से बचाव में मददगार हs। एकरे अलावा सेहत खातिर मूंग उबाल‌के ख‌इले के कई गो फायदा फायदा बा.आई, जानी जा एs बारे में विस्तार से।

नाश्ता में मूंग के उबाल के ख‌इले से का होला? 

*मांसपेशि के मजबूती देला : उबलल मूंग में प्रोटीन के बड़िया मात्रा होला जवन मांसपेशी के मजबूती बढ़ावे में मददगार हs। जवन लोग के आपन मसल मास बढ़ावे के होखे उनकरी खातिर मूंग के उबाल के खाइल फायदेमंद होला।

*दिमागी क्षमता बढाई: मूंग ख‌इले से दिमागी क्षमता बढेला । मूंग के प्रोटीन हार्मोनल हेल्थ के बेहतर बनावेला जेसे मेंटल स्ट्रेस आ कई प्रकार के समस्या से बचाव होला।

*पेट खातिर हेल्दी: मूंग में फाइबर के अच्छा मात्रा होला जवन पाचनक्रिया के तेज क‌इले में मददगार होला। ई आपके मेटाबोलिक रेट बढ़ावेला आ कब्ज ज‌इसन समस्या से बचावेला ।

*हीमोग्लोबिन बढ़ेला: आयरन से भरपूर फूड्स अंकुरित मूंग दाल के सेवन क‌इले से रक्त में ऑक्सीजन के स्तर आ लाल रक्त कोशिका के बढ़ावा देले में मदद मिलेला। ई शरीर में खून के कमी के दूर क‌इले आ एनीमिया से लड़ले में मदद करेला ।

*कोलेस्ट्रॉल करी कंट्रोल: सुबेरे मूंग के दाल के उबाल के ख‌इले से बैड कोलेस्ट्रॉल कम होला। ई ब्लड प्रेशर के कंंट्रोल रखले मे लाभकारी होला। जेसे ई हार्ट अटैक, फेलियर आ स्ट्रोक ज‌इसन रोग से रउरा के दूर रखेला ।

क‌इसे करीं उबलल मूंग के सेवन?

मूंग दाल के रात में भिगो के रख लेंईं। सुबेरे एके कुकर में रख के 2 सीटी लगवा देई। एके निकाल के एमें प्याज, मिर्च, टमाटर, काला नमक, सेंधा नमक आ जीरा पाउडर मिला के खाईं। रउरा एs प्रोटीन से भरपूर नाश्ता के लुत्फ़ उठा सकेनी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]