वजन घटावे के आसान बा फंडा, नाश्ता में जरूर शामिल करीं इs 5 गो चीज, फटाफट कम होखे लागी मोटापा

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 2, 2025

आजकल मोटापा तेजी से बढ़त समस्या बन रहल बा। जइसे-जइसे वजन बढ़ेला, बहुत बेमारी शरीर पs हमला करेला। मोटापा के चलते आपके उमर से बहुत जादे उमर देखाई देला। चाहे जवन कपड़ा पहिनीं, उs नीमन

Share

वजन घटावे के आसान फंडा

आजकल मोटापा तेजी से बढ़त समस्या बन रहल बा। जइसे-जइसे वजन बढ़ेला, बहुत बेमारी शरीर पs हमला करेला। मोटापा के चलते आपके उमर से बहुत जादे उमर देखाई देला। चाहे जवन कपड़ा पहिनीं, उs नीमन ना लागेला। मतलब कि मोटापा आपके लुक से लेके स्वास्थ्य ले के खराब कs सकता। अयीसना में अपना वजन पs नियंत्रण राखे खातीर आपन खानपान में बदलाव करीं। नाश्ता में पुरी, पराठा, सैंडविच अवुरी पोहा खईला से वजन कम करे में कवनो मदद ना मिली। रउरा अपना नाश्ता में एह सेहतमंद चीजन के शामिल करे के चाहीं. जवना के चलते वजन में तेजी से कमी आवेला।

वजन घटावे खातिर नाश्ता


ड्राईफ्रूट्स – वजन कम करे खातिर नाश्ता में ड्राईफ्रूट्स जरूर खाईं। एक मुट्ठी भींजल बादाम, कुछ अखरोट, पिस्ता अवुरी 2-4 काजू आपके बहुत दिन ले भरल राखी। एहसे मोटापा कम करे में मदद मिलेला। रउआ ब्लैक कॉफी भा 1 कप ग्रीन टी ड्राईफ्रूट्स के संगे पी सकेनी। एकरा बाद रउआ कुछ ड्राईफ्रूट्स खा सकेनी।

फल – आजकल बाजार में अयीसन बहुत फल मिलेला जवन कि वजन के तेजी से कम करे में मदद करेला। नाश्ता में पपीता अवुरी सेब खईला से मोटापा कम हो जाई। एकरा अलावे तरबूज अवुरी खरबूजा के अपना आहार में सामिल करी। इs फल में कैलोरी कम अवुरी फाइबर के मात्रा जादा होखेला। इs सब खईला से पेट भरल रही अवुरी वजन में भी कमी आई।

मखाना– नाश्ता में भारी चीज़ खाए के बजाय हेल्दी अवुरी हाई फाइबर वाला चीज़ शामिल करीं। एकरा खातिर मखाना एगो बढ़िया विकल्प बा। नाश्ता में 1 कटोरी भुनाइल मखाना खइला से मोटापा कम करे में मदद मिली। मखाना खइला से ढेर दिन ले भूख ना लागेला

चना – भुनाइल चना स्वास्थ्य खातिर वरदान हs। नाश्ता में मुट्ठी भर चना खा सकेनी। अगर रउरा सादा चना पसंद ना होखे तs मसाला चना भा नमकीन चना खा सकेनी. स्वाद बदले खातिर उबलल चना भा चना के अंकुर खा सकेनी। हाई प्रोटीन चना खईला से पेट भरल रही अवुरी वजन में भी कमी आई।

स्प्राउट्स – मोटापा कम करे खातिर
स्प्राउट्स के अपना आहार में शामिल करीं। हफ्ता में एक बेर अंकुरित जरूर खाईं। एकरा में रउआ मूंग दाल, चना, सोयाबीन भा मूंगफली के शामिल कs सकेनी।
स्प्राउट्स खइला से पेट आसानी से भर जाला अवुरी वजन भी कम होखे लागेला।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.