दिल्ली-NCR, यूपी आ बिहार में कांपल धरती, पटना में भूकंप के झटका से घर के बाहर निकलले लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2025

दिल्ली-एनसीआर, यूपी आ बिहार में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा.  पटना में सबेरे 6.38 बजे भूकंप के झटका महसूस भइल।  एकरा अलावे सहरसा, सीतामढ़ी, मधुबनी अवुरी अररा समेत बहुत जगह पs

Share

यूपी आ बिहार में कांपल धरती

दिल्ली-एनसीआर, यूपी आ बिहार में आजु सबेरे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल बा.  पटना में सबेरे 6.38 बजे भूकंप के झटका महसूस भइल।  एकरा अलावे सहरसा, सीतामढ़ी, मधुबनी अवुरी अररा समेत बहुत जगह पs भूकंप के झटका भी महसूस भईल।  ई कंपन एतना तेज रहे कि लोग घर से बाहर निकलल।

नेपाल में रहे केंद्र

भूकंप के केन्द्र नेपाल में रहे आ जमीन से 10 किलोमीटर नीचे रहे।  एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 5.1 नापल गइल बा।  अगर भूकंप 7 से ढेर होखे तब इमारत के बेस में दरार पड़ सके ला आ इमारत सभ भी गिर सकेला ।  हालांकि खबर लिखे के समय ले कवनो घटना सोझा नईखे आईल।  बाकिर 5 से अधिका तीव्रता वाला भूकंप आवे पs लोग डेराइल बाड़े.


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: जाड़ा में अकड़ जाता गोड़ , तऽ करीं ई yoga…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.