Ayodhya: राम मंदिर के पुजारियन खातीर लागू भइल ड्रेस कोड

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2024

रामलला के पुजारी अब पीतांबरी धारण कs के रोज रामलला के पूजा करीहे। पुजारी लोग खातिर ड्रेस कोड श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट द्वारा लागू कइल गइल बा। पुजारी पीयर रंग के चौबंदी आ

Share

राम मंदिर के पुजारियन खातीर लागू भइल ड्रेस कोड

रामलला के पुजारी अब पीतांबरी धारण कs के रोज रामलला के पूजा करीहे। पुजारी लोग खातिर ड्रेस कोड श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट द्वारा लागू कइल गइल बा। पुजारी पीयर रंग के चौबंदी आ उज्जर धोती पहिरिहे। ई ड्रेस कोड 25 दिसंबर से लागू हो गइल बा. ट्रस्ट के ओर से सभे पुजारी के दु सेट ड्रेस भी उपलब्ध करावल गईल बा।

राम मंदिर में मुख्य पुजारी आचार्य सत्येन्द्र दास समेत कुल 14 पुजारी काम कs रहल बाड़े। पहिलही से पुजारी लोग के मल्टीमीडिया फोन के इस्तेमाल पs रोक लगा दिहल गइल बा. अब तमाम पुजारी के ड्रेस कोड भी लागू हो गईल बा। अब ले पुजारी लोग के ड्रेस कोड अनिवार्य ना रहे, पुजारी लोग अलग-अलग ड्रेस में आवत रहे। राम मंदिर में 14 पुजारी के ड्यूटी सात-सात पुजारी के दु समूह में बांट के पूजा करे के काम सौंपल गईल बा।

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

सुबह के पाली के जिम्मेवारी सात गो पुजारी आ दुपहरिया से साँझ के पाली के जिम्मेवारी सात गो पुजारी के दिहल गइल बा. राम मंदिर के अलावे एs सभ पुजारी के कुबेर टीला में स्थित शिवालय अवुरी हनुमान मंदिर में भी पूजा-अर्चना करे के पड़ेला। राम मंदिर ट्रस्ट के एह कदम से राम मंदिर के पुजारी के पहचान आसान हो जाई। पुजारी लोग के चौबंदी, धोती, कुर्ता अवुरी माथा पs पीयर रंग के पगड़ी निर्धारित कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.